राज्यसभा में अभिषेक मनु सिंघवी के सीट पs मिलल नोट के बंडल, सदन में हंगा

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 6, 2024

सुक के दिने संसद के शीतकालीन सत्र में बहुते बवाल मचल बा. राज्यसभा में कांग्रेस सांसद अभिषेक मनु सिंघवी के सीट पs नोट के बंडल मिलल बा। राज्यसभा के उपाध्यक्ष जगदीप धनखड़ सुक के एs

Share

राज्यसभा में हंगामा

सुक के दिने संसद के शीतकालीन सत्र में बहुते बवाल मचल बा. राज्यसभा में कांग्रेस सांसद अभिषेक मनु सिंघवी के सीट पs नोट के बंडल मिलल बा। राज्यसभा के उपाध्यक्ष जगदीप धनखड़ सुक के एs मामला के जानकारी देले। सदन शुरू होखे से पहिले कांग्रेस अवुरी विपक्षी सांसद अपना चेहरा पs करिया मास्क पहिन के विरोध करत देखाई देले। बता दीं कि शीतकालीन सत्र 25 नवम्बर से शुरू हो गइल बा आ ई 20 दिसंबर ले चली.

सीट नंबर 222 पs मिलल नोट के बंडल
राज्यसभा के सभापति जगदीप धनखड़ कहले कि, ‘हम सांसद के बतावल चाहतानी कि काल्ह (बियफ़ें) सदन के स्थगित होखला के बाद नियमित जांच के दौरान सुरक्षा अधिकारी के सीट नंबर 222 से मुद्रा नोट के बंडल बरामद भईल, जवन कि फिलहाल तेलंगाना से चुनल गईल राज्य अभिषेक मनु सिंघवी के आवंटित बा। इs मामला हमरा संज्ञान में ले आवल गईल बा।  उs सुनिश्चित कईले कि एs मामला के जांच होखे।

इहो पढ़ीं: रेसपी: जाड़ा से बचाइ चना के साग, बाजरा के रोटी से खइले में लागेला मजेदार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.