Paris Olympics: महिला कुश्ती में रीतिका हुड्डा कइली कमाल, 12-5 से जीत के क्वार्टर फाइनल में बनवली जगह

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 10, 2024

पेरिस ओलंपिक 2024 : 15वां दिन महिला कुश्ती में भारत खातिर एगो खुशखबरी आइल बा। महिला कुश्ती में रीतिका हुड्डा 76 किलो वजन के वर्ग में हंगरी के बर्नाडेट नागी के 12-5 से हरा के

Share

पेरिस ओलंपिक 2024 : 15वां दिन महिला कुश्ती में भारत खातिर एगो खुशखबरी आइल बा। महिला कुश्ती में रीतिका हुड्डा 76 किलो वजन के वर्ग में हंगरी के बर्नाडेट नागी के 12-5 से हरा के क्वार्टर फाइनल में आपन जगह बना लेले बाड़ी।

पेरिस ओलंपिक में शनिचर के दिने 76 किलोग्राम महिला कुश्ती वर्ग के प्री क्वार्टर फाइनल में भारत के रीतिका हुड्डा हंगरी के बर्नाडेट नागी के हरा दिहली। एह वजन वर्ग में ओलंपिक खातिर क्वालीफाई करे वाली देश के पहिला पहलवान 21 बरीस के रितिका शुरुआती मुकाबला तकनीकी श्रेष्ठता के साथे 12-2 से जीत लिहली। पहिला पीरियड में रीतिका 4-0 से आगे रहली बाकिर दुसरका पीरियड में उऽ शानदार प्रदर्शन कइली आ हंगरी के एह पहलवान के ढेर मौका ना दिहली। अंतिम आठ गो में उनका किर्गिस्तान के शीर्ष वरीयता प्राप्त एइपेरी मेडेट क्यजी से कड़ा चुनौती के सामना करे के पड़ी।

बता दीं कि महिला कुश्ती में भारत खातिर आखिरी उम्मीद बाचल बाड़ी रीतिका। क्वार्टर फाइनल में रीतिका जीत गइली तऽ पदक के ओर मजबूत कदम उठईहें। हालांकि चुनौती उनका खातिर बिल्कुल आसान नइखे होखे वाला। अइसना में उम्मीद बा कि क्वार्टर फाइनल में कवनो तरह से रीतिका जीत जइहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.