पेरिस ओलंपिक 2024 के भइल अंत, मेडल टैली में चीन आ अमेरिका के बीच आखिरी दिन ले चलल टक्कर

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 12, 2024

  ओलंपिक 2024 अब खतम हो गइल बा. अबकी बेर ओलंपिक के आयोजन फ्रांस के राजधानी पेरिस में भइल. जहाँ ओलंपिक 2024 के आखिरी खेल 11 अगस्त के खेलल गइल रहे. ई खेल महिला बास्केटबॉल

Share

 

ओलंपिक 2024 अब खतम हो गइल बा. अबकी बेर ओलंपिक के आयोजन फ्रांस के राजधानी पेरिस में भइल. जहाँ ओलंपिक 2024 के आखिरी खेल 11 अगस्त के खेलल गइल रहे. ई खेल महिला बास्केटबॉल के आयोजन रहे। एह इवेंट में फ्रांस आ अमेरिका के महिला बास्केटबॉल टीम आमने सामने रहल. एह मैच से ओलंपिक में अमेरिका के दबदबा तय हो गइल. दरअसल एह ओलंपिक में पदक गिनिती में अमेरिका के चीन से बहुते प्रतिस्पर्धा के सामना करे के पड़ल. आखिरी दिन ले दुनु देशन के बीच पदक गिनिती में उतार चढ़ाव भइल. अमेरिकी महिला बास्केटबॉल टीम फ्रांस के खिलाफ जीत के चलते स्वर्ण पदक जीत लिहलस. अगर ऊ एह मैच में हार गइल रहित तs उनकर कुल स्वर्ण पदक के संख्या महज 39 रह गइल रहित आ ऊ पदक गिनिती में पहिला स्थान ना ले पवले रहित बाकिर अइसन ना भइल.

अमेरिका सबसे पहिला स्थान पs

पेरिस ओलंपिक 2024 चीन खातिर बहुत बढ़िया रहल। अबकी बेर ऊ ओलंपिक में दुसरका जगहा पर रहले. अबकी बेर चीन के ओलंपिक में कुल 40 गो स्वर्ण, 27 गो रजत आ 24 गो कांस्य पदक मिलल बा. जबकि अमेरिका के लगे 40 गो स्वर्ण, 44 गो रजत आ 42 गो कांस्य पदक बा. चीन के कुल पदक संख्या 91 बा। जबकि अमेरिका 125 गो पदक जीत चुकल बा. बता दीं कि ओलंपिक में पदक गिनिती के रैंकिंग स्वर्ण पदक के आधार पs होला. जवना देश के सबसे जादा स्वर्ण पदक मिलल बा ओकरा के सबसे ऊपर राखल जाला। जबकि अगर स्वर्ण पदक के संख्या बराबर बा तs फैसला रजत पदक के आधार पs लिहल जाला।  एह ओलंपिक में अमेरिका अकेला अइसन देश रहल जवन सौ से अधिका पदक जीत चुकल बा.

भारत एही नंबर पs फिनिश कइल

पेरिस ओलंपिक भारत खातिर निराशाजनक रहल. एह ओलंपिक में भारत महज 6 गो पदक जीतले बा. जवना में एको स्वर्ण पदक भी शामिल नइखे। एह ओलंपिक में भारत एक रजत आ पाँच गो कांस्य पदक जीत चुकल बा. जवना के चलते भारत 71वां स्थान पs पहुंच गईल बा। पिछला बेर भारत कुल 7 पदक जीतले रहे। जवना में एगो गोल्ड भी शामिल रहे। टोक्यो ओलंपिक 2020 भारत खातिर ओलंपिक इतिहास में सबसे बढ़िया रहल बा। भारत खातिर नीरज चोपड़ा, मनु भाकर, सरबजोत सिंह, स्वप्निल कुसाले आ अमन सहरावत के पदक जीत चुकल बाड़े. जवना में मनु भाकर के दू गो कांस्य पद शामिल बा. एह एथलीटन के चलते भारत मेंस जैवलिन थ्रो,, कुश्ती आ शूटिंग में पदक जीत लिहलस.

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.