Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पंकज त्रिपाठी के बहनोई के सड़क हादसा में मउत, बहिन के हालत गंभीर

667

 

बॉलीवुड अभिनेता पंकज त्रिपाठी के बहिन अवुरी बहनोई सड़क दुर्घटना के शिकार हो गईले। जवना के बाद उनुका के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। दुनों बिहार के गोपालगंज के कमालपुर से निरसा आवत रहले। पंकज के बहनोई राजेश तिवारी उर्फ ​​मुन्ना तिवारी गाड़ी चलावत रहले। जबकि गाड़ी में बहिन सविता सवार रहली। निरसा में भईल एs दुर्घटना के बाद दुनो लोग घाही हो गईल बाड़े। दुनो के तुरंत एसएनएमसीएच अस्पताल में भर्ती करावल गईल। एह हादसा में पंकज त्रिपाठी के बहनोई मुन्ना तिवारी के मउत हो गइल बा. एही बीच उनुकर बहिन सरिता घायल हालत में अस्पताल में भर्ती बाड़ी।

पंकज त्रिपाठी पs गिरल दुख के पहाड़ 

धनबाद के अस्पताल में सहयोगी अवुरी उनुकर परिजन बतवले कि राजेश तिवारी उर्फ ​​मुन्ना तिवारी उनुका पत्नी सविता तिवारी के संगे बिहार के गोपालगंज के कमलपुर गांव से चितरंजन जात रहले। राजेश तिवारी आपन गाड़ी चलावत रहले, जबकि उनुकर पत्नी गाड़ी में सफर करत रहली। निरसा बाजार में धनबाद से बंगाल जाए वाला एनएच 19 पs उनुकर गाड़ी दुर्घटना हो गईल। उनुकर गाड़ी करीब तीन फीट चौड़ाई वाला डिवाइडर से टकरा गईल। गाड़ी के हालत देख के लागता कि इs तेज रफ्तार से डिवाइडर से टकरा गईल होई।

दुर्घटना में डिवाइडर कार के बॉर्नट फाड़ के ड्राइविंग सीट से पीछे के सीट तक पहुंच गईल। गाड़ी के बॉर्नट से पीछे के सीट तक टुकड़ा उड़ गईल। एs दुर्घटना में दुनो लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले, जवना के बाद दुनो लोग के तुरंत एसएनएमसीएच अस्पताल पहुंचावल गईल। जहां इलाज के दौरान राजेश तिवारी के मउत हो गईल। जबकि उनुकर पत्नी सविता तिवारी के इलाज अबे ले अस्पताल में चलता। सविता के हालत गंभीर बनल बा। दुर्घटना के बाद धनबाद में रहे वाला उनुका परिचित लोग के भीड़ एसएनएमसीएच अस्पताल में जमा हो गईल।

मुन्ना तिवारी के सहयोगी बतवले कि राजेश तिवारी चित्तरंजन में रेलवे में काम करत रहले। उनकर ड्यूटी रेलवे के जीएम ऑफिस में रहे। उs छुट्टी लेके अपना घर गोपालगंज गईल रहले। गोपालगंज से लवटत घरी ई हादसा भइल बा. बॉलीवुड अभिनेता पंकज त्रिपाठी के भी एs घटना के बारे में उनुका रिश्तेदार के ओर से जानकारी दिहल गईल। एकरा संगे परिवार के अवुरी लोग के भी एs घटना के बारे में जानकारी दिहल गईल बा। परिवार के लोग अस्पताल पहुंचे खातिर रवाना हो गईल बाड़े।

 

 

 

797940cookie-checkपंकज त्रिपाठी के बहनोई के सड़क हादसा में मउत, बहिन के हालत गंभीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.