Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

64MP कैमरा आ Qualcomm Snapdragon प्रोसेसर के साथे ली Oppo Reno 8 Lite 5G एंट्री!, जानीं कीमत

1,029

Oppo Reno 8 Lite 5G के स्पेसिफिकेशंस के खुलासा कइल गइल बा, जेकरा मोताबिक एह स्मार्टफोन में 6.43 इंच के AMOLED फुल-एचडी+ डिस्प्ले आई, जेकर रेजोल्यूशन 1,080×2,400 पिक्सल आ 60Hz रिफ्रेश रेट होई।

स्मार्टफोन निर्माता कंपनी Oppo द्वारा जल्दिये Oppo Reno 8 Lite 5G के यूरोप में लॉन्च करे के संभावना बा। अइसन मानल जा रहल बा कि ई स्मार्टफोन भारत आ चीनो में आ सकत बा। हालांकि नाया रिपोर्ट् से ई पता चलल बा कि एह रीजन में स्मार्टफोन ले लॉन्च में देरी बा। एगो लोकप्रिय टिपस्टर एह नाया स्मार्टफोन के कीमत आ स्पेसिफिकेशंस के कथित तौर पs  जानकारी लीक कs दिहले। बतावल जाता कि एह स्मार्टफोन में Qualcomm Snapdragon 695 SoC आ 4500mAh के बैटरी आ सकत बा। आई एह स्मार्टफोन के अनुमानित फीचर्स आ स्पेसिफिकेशंस से लेके कीमत आदि के बारे में जानल जाव।

Oppo Reno 8 Lite 5G के अनुमानित कीमत

टिप्सटर पारस गुगलानी द्वारा साझा कइल गइल पोस्ट के मोताबिक, Oppo Reno 8 Lite 5G के कीमत EUR 305.78 माने कि भारतीय करेंसी के हिसाब से करीब 25,500 रुपिया हो सकत बा। कलर ऑप्शन के बात कइल जाव तs ई ओप्पो स्मार्टफोन Interstellar Glow कलर ऑप्शन में आ सकता बा।

Oppo Reno 8 Lite 5G के अनुमानित स्पेसिफिकेशंस

गुलगनी द्वारा Oppo Reno 8 Lite 5G के स्पेसिफिकेशंस के खुलासा कइल गइल बा, जेकरा मुताबिक एह स्मार्टफोन में 6.43 इंच के AMOLED फुल-एचडी+ डिस्प्ले आई, जवना के रेजोल्यूशन 1,080×2,400 पिक्सल आ 60Hz रिफ्रेश रेट होई। प्रोसेसर के बात कइल जाव तs ई स्मार्टफोन Qualcomm Snapdragon 695 SoC पs काम करी।

स्टोरेज के बात कइल जाव तs एह फोन में 8GB रैम आ 128GB स्टोरेज आई, जवना के माइक्रोएसडी कार्ड द्वारा 1TB ले बढ़ावल जा सकत बा। कैमरा सेट अप एह स्मार्टफोन में 64 मेगापिक्सल के पहिला कैमरा, 2 मेगापिक्सल के दूसर कैमरा आ 2 मेगापिक्सल के तीसरा कैमरा दिहल जा सकत बा।

Oppo Reno 8 Lite 5G के कैमरा आ बैटरी बैकअप

एमे रियर कैमरा सेटअप 30 एफपीएस पs फुल-एचडी वीडियो रिकॉर्ड करे में सक्षम मानल जात बा। ओहिजा एह स्मार्टफोन के फ्रंट में 16 मेगापिक्सल के सेल्फी कैमरा दिहल जा सकत बा।

ऑपरेटिंग सिस्टम के बात करी तs ई स्मार्टफोन एंड्रॉइड 12 पs बेस्ड ColorOS 12 पs काम करी। बैटरी बैकअप के बात करी तs एह स्मार्टफोन में 33W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के संगे 4,500mAh के बैटरी दिहल गइल बा। कनेक्टिविटी खातिर एह स्मार्टफोन में यूएसबी टाइप-सी पोर्ट आ ब्लूटूथ v5.1 कनेक्टिविटी मिली।

263260cookie-check64MP कैमरा आ Qualcomm Snapdragon प्रोसेसर के साथे ली Oppo Reno 8 Lite 5G एंट्री!, जानीं कीमत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.