SearchGPT: Google सर्च इंजन के चुनौती दिही OpenAI के नया AI, तेजी से चल रहल टेस्टिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 26, 2024

बीतल कुछ सालन में एआई मार्केट में आपन दबदबा बना के रखले बा। टेक कंपनी लगातार खुद के नया टेक्नोलॉजी के संगे अपडेट करे में लागल रहत बा। एही सिलसिला के जारी रखत OpenAI गूगल

Share

बीतल कुछ सालन में एआई मार्केट में आपन दबदबा बना के रखले बा। टेक कंपनी लगातार खुद के नया टेक्नोलॉजी के संगे अपडेट करे में लागल रहत बा। एही सिलसिला के जारी रखत OpenAI गूगल के सर्च इंजन के टक्कर देवे के तइयारी कs लेले बा।

कंपनी बीतल बियफे के बतवलस कि ऊ अपना आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस इंजन के बाजार में हावी गूगल सर्च इंजन के कॉम्पिटिशन देवे खातिर तइयार कs रहल बा आ एकर तइयारी जोर-शोर से चल रहल बा। आई एकरा के बारे में जानत जावs।

गूगल के टक्कर दिही OpenAI

  • OpenAI बतवलें कि ऊ एगो नया AI प्रोटोटाइप ‘सर्चजीपीटी’ के टेस्टिंग कs रहल बा।
  • एकरा के कंपनी के एआई मॉडल के ताकत के वेब के जानकारी के संगे जोड़े खातिर डिजाइन कइल गइल बा।
  • एकरा से ऑनलाइन पूछल गइल सब प्रश्नन के क्विक उत्तर मिलला के संगे-संगे सही सोर्स के जानकारियो दिहल जाई।
  • कंपनी अपना ब्लॉग पोस्ट में बतवलस कि सर्चजीपीटी के फीडबैक पावे खातिर यूजर्स आ पब्लिकेशन के एगो छोटे समूह के उपलब्ध करावल जा रहल बा।
  • कंपनी ने बतवलस कि आवे वाला समय में एकरा के ChatGPT में सामिल कइल जाई।

यूजर्स के कइसे होई फायदा

  • OpenAI कहलस कि यूजर्स कॉन्वर्शेसनल क्वैरी के माध्यम से सर्चजीपीटी के संगे बातचीत कs  सकी लो।
  • एकरा अलावे ऊ लोग सर्च एआई से फॉलो अप कs सकत बा लो।
  • Google हाले में अपना सर्च इंजन में एआई-जनरेटेड क्वेरी रिजल्ट समरी के विकल्प जोड़ले बा। एकरा के ‘Overviews’ कहल जाला।
  • ई नया सुविधा Google सर्च खातिर परिणामन में सबसे ऊपर लिखल टेक्स्ट के ऑप्शन मिलेला।
    एमे ओह साइट के लिंक के जोड़ल जाला आ टॉपिक के एगो समरी होला।
  • OpenAI के SearchGPT के विवरण Google के Overviews के समान लागत रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.