रामलीला के दुसरका दिन रामजन्म के मंचन देखके भावुक भइल दर्शक

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2023

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह। बरहज के ग्राम पंचायत गहिला में 29 बरिसन से चलल आ रहल रामलीला के आज नवरात्रि के दुसरका दिन जिला पंचायत सदस्य ऋषि कुमार रानू दीप प्रज्ज्वलित आ फीता काटके उनका एगो

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह। बरहज के ग्राम पंचायत गहिला में 29 बरिसन से चलल आ रहल रामलीला के आज नवरात्रि के दुसरका दिन जिला पंचायत सदस्य ऋषि कुमार रानू दीप प्रज्ज्वलित आ फीता काटके उनका एगो भजन के संगे रामलीला के सुभारंभ कइल गइल। एकर आयोजक दिवाकर नाथ तिवारी आ राजेन्द्र सिंह बा लो। रामलीला समिति के अध्यक्ष राकेश यादव हवे। संचालन रामसमुज आ शैलेश कुमार कर रहल बा लो।

रामलीला समिति गहिला के तरफ से राम जन्म महोत्सव मंचन कइल गइल। दूसरका दिन दिखावल गइल कि सब देवी-देवता लोग भगवान विष्णु के लगे जात बा आ आपन दुख सुनावत बा लो। राजा दशरथ दरबार में ऋंगी ऋषि के आगमन होता जे राजा दशरथ से पुत्र प्राप्ति खातिर यज्ञ करे के प्रस्ताव रखत बा, जवना के बाद राम, लक्ष्मण, भरत, शत्रुघ्न के जन्म होला। राम जन्म के खुसी में आतिशबाजी कइल गइल।

एकरा पहिले देवता लोग क्षीर सागर में जाके भगवान विष्णु से अवतरित होखे के प्रार्थना कइलें। जवना के पश्चात विश्वामित्र के कहला पs शृंगी ऋषि पुत्रेष्टि यज्ञ कइले आ महाराजा दशरथ के पुत्र प्राप्ति के वरदान देलें। वरदान के मोताबिक दशरथ के तीन गो रानी कौशल्या, कैकई आ सुमित्रा लईकन के जन्म दिहल।

एमें ग्राम प्रधान संतोष खरवार, राहुल मल्ल, शिवम पाण्डे कोषाध्यक्ष परवेज अंसारी, रामजन्म सिंह, रामविजय सिंह, जयपति यादव, लालबाबू, रामवीर, राजन यादव, संतोष सिंह, विवेक सिंह आदि लोग मवजूद रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.