पति-पत्नी के अटूट रिश्ता के अनमोल परब करवाचौथ पs महिला लोग चांद देख तुड़ल व्रत 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 2, 2023

अखिलेश कुमार सिंह। पति-पत्नी के अटूट रिश्ता आ सोहाग के प्रतीक परब करवा चौथ बुध के शहर से लेके गांवन तक में धूमधाम से मनावल गइल। पत्नी लोग अपना सोहाग के रक्षा खातिर चांद के

Share

अखिलेश कुमार सिंह। पति-पत्नी के अटूट रिश्ता आ सोहाग के प्रतीक परब करवा चौथ बुध के शहर से लेके गांवन तक में धूमधाम से मनावल गइल। पत्नी लोग अपना सोहाग के रक्षा खातिर चांद के दीदार कइल आ व्रत तुड़ल लो। समूचा क्षेत्र में एह परब के लेके लोगन में उत्साह के माहौल लउकल।

भारतीय नारी के समर्पण, सहजता, त्याग, महानता आ पति परायणा के व्यक्त करत एगो परब करवा चौथ। दिन भर खुद भूखल पियासल रहके रात के जब मांगे के अवसर आइल तs अपना पति के मंगलमय, सुखमय आ दीर्घायु जिनगी के याचना कइल नारी के त्याग आ समर्पण ना तs आउर का हs।

चांद के दीदार करत महिला

एगो नारी के त्याग आ परिवार के प्रति समर्पण के एही बात से देखल जा सकत बा कि ओकरा जब आ जहां मांगे के अवसर मिलल। ऊ कबो अपना खातिर कुछ ना मांगके अपना पति खातिर, अपना संतान खातिर भा अपना समूचा परिवार खातिर कुछ याचना करेले।

पुरूषन के एह बात के खास धेयान रखे के चाहीं कि जवन नारी ओह लोगन खातिर एतना कष्ट सहेले ओकरा के कष्ट ना दिहल  जाव। जवन नारी रउआ खातिर समर्पित बिया ओकरा के आउर उदास ना कइल जाव। जवन नारी अपना प्राण से बढ़के राउर सम्मान करेले ओकर सम्मान के रक्षा का प्रण जिनगी भर खातिर रउए लेवे के बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.