OMG:वैज्ञानिकन खातीर अजूबा बनल मादा घड़ियाल, इतिहास में पहिला बेर भइल अइसन

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 13, 2023

    महिला बिना नर साथी के गर्भवती हो जाए, कहा कहानी में अयीसन बात सुनले होखब, लेकिन कोस्टा रिका के चिड़ियाघर में एगो मादा मगरमच्छ बिना नर साथी के गर्भवती हो गईल। आखिर ई

Share

 

 

महिला बिना नर साथी के गर्भवती हो जाए, कहा कहानी में अयीसन बात सुनले होखब, लेकिन कोस्टा रिका के चिड़ियाघर में एगो मादा मगरमच्छ बिना नर साथी के गर्भवती हो गईल। आखिर ई कइसे भइल, विशेषज्ञ लोग से जानि।

अब ले रउरा कहानी आ किताब में सुनले होखब कि बिना पुरुष साथी के मेहरारू गर्भवती हो सकेले। एह तरह के जिक्र पौराणिक कथा में मिलेला बाकिर का साँचहू अइसन कइल संभव बा? दुनिया भर के वैज्ञानिक अइसन तरीका खोजे के कोशिश में लागल बाड़े, लैब में बच्चा पैदा करे के बात तक होखता। एही बीच कोस्टा रिका के चिड़ियाघर में एगो मादा मगरमच्छ अजूबा के रूप में उभरल बिया। बतावल जाता कि उ बिना पुरुष साथी के गर्भवती हो गईली। उ अंडा भी देली, एगो त पूरा भ्रूण तक रहे, जवन कि जेनेटिक रूप से अपना महतारी से मिलत जुलत रहे। वैज्ञानिक लोग एकरा के देख के हैरान बाने ।

वैज्ञानिक इहे कारण बतवले

वैज्ञानिक के ए दौरान कवनो मेल पार्टनर से फ‍िज‍िकल रिलेशन के कवनो सबूत ना देखाई देलस। एही से वैज्ञानिक एकरा के कुंवारी मां कह रहल बाड़े। मगरमच्छ के बच्चा के डीएनए टेस्ट के बाद वैज्ञानिक के पाता चलल कि इ वैकल्पिक पार्थेनोजेनेसिस के नतीजा ह। ई अलैंगिक प्रजनन के एगो रूप हवे। काहे कि शुक्राणु से आनुवंशिक गुण लेवे के जरूरत नईखे। एकरा बिना प्रजनन हो सकेला। वैज्ञानिक लोग के अनुसार ई कई तरह के चिरई, साँप, छिपकली आ मछरी में भी पावल जाला।

पार्थेनोजेनिक बच्चा कइसन होला

वैज्ञानिक के मुताबिक इ जरूरी नईखे कि बिना पुरुष साथी के पैदा भईल बच्चा महतारी निहन होखे। इ अंडा के कोशिका पs भी बहुत निर्भर करेला। एकर विकास कइसे आ कवना परिस्थिति में होला? पार्थेनोजेनिक बच्चा या त महतारी के पूरा या आधा क्लोन निहन देखाई दे सकता। भ्रूण तबे माई निहन पूरा देखाई देवेला जब ओकर सभ कोशिका महतारी निहन हो जाले। एही से अधिकतर अंतर लउकेला काहे कि ई कबो पूरा तरह से ना होला। बता दीं कि पिछला साल एगो मादा ज़ेबरा शार्क के बहुत बच्चा पैदा भईल रहे, जवना में ओकर पूरा डीएनए मौजूद रहे। जवना शिकागो एक्वेरियम में उ रहत रहली उ कवनो नर से मेल ना खात रहे, इ घटना वैज्ञानिक के हैरान क देले बा अवुरी उ लोग इंसान में भी ए प्रकार के भविष्य देखे लागल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.