Avinash Sable Olympics 2024 में रचलें इतिहास, 3000 मीटर स्टीपलचेज के फाइनल में पहुंचे वाला बनलें पहिला भारतीय

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 6, 2024

पेरिस ओलंपिक 2024 के 10वां दिन तक भारत कुल तीन मेडल जीतलें बा। 10वां दिन के अंत बहुते सानदार तरीका से भइल, जहां भारतीय एथलीट अविनाश साबले मेंस 3000 मीटर स्टीपलचेज स्पर्धा में अपना हीट

Share

पेरिस ओलंपिक 2024 के 10वां दिन तक भारत कुल तीन मेडल जीतलें बा। 10वां दिन के अंत बहुते सानदार तरीका से भइल, जहां भारतीय एथलीट अविनाश साबले मेंस 3000 मीटर स्टीपलचेज स्पर्धा में अपना हीट में पांचवां स्थान पs रहके फाइनल में पहुंचलें।

3000 मीटर स्टीपलचेज फाइनल में पहुंचे वाला अविनाश साबले पहिला भारतीय एथलीट बनलें। नेशनल रिकॉर्ड होल्डर साबले दूसरका हीट में 8 मिनट 15.43 समय के संगे क्वालिफाई कइलें। तीन हीट के पांच-पांच स्थान पs रहे वाला धावक फाइनल में प्रवेश कइल लो।

Olympics 2024: अविनाश साबले रचलें इतिहास

दरअसल, भारतीय एथलीट के हीट के मोरक्कन एथलीट मोहम्मद टिंदौफ्ट आपन व्यक्तिगत सर्वश्रेष्ठ समय 8:10.62 मिनट में जीत लेलें।

भारतीय एथलीट अविनाश साबले हीट के सुरुआत में एक लैप खातिर पहिला स्थान पs रहत दउड़ के सुरुआत कइलें, बाकिर अंत तक केन्याई एथलीट अब्राहम किरीवोट उनका के आसानी से पछाड़ देलें।

साबले धीरे-धीरे पांचवां स्थान पs आ गइलें, जवन क्वालीफिकेशन खातिर अंतिम स्थान रहे, बाकिर एह स्थान पs बरकरार रहत भारतीय एथलीट आराम से फाइनल में आपन जगह पक्का कs लेलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.