मनु भाकर आ वर्ल्ड चैंपियन डी गुकेश समेत चार गो एथलीट के मिली ध्यानचंद खेल रत्न अवॉर्ड

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 2, 2025

ध्यान चंद खेल रत्न पुरस्कार के घोषणा हो गइल बा.  खेल मंत्रालय ई जानकारी दिहलस.  खेल मंत्रालय के कहल बा कि ओलंपिक पदक विजेता मनु भाकर आ शतरंज विश्व चैंपियन डी गुकेश समेत चार गो

Share

मनु भाकर आ डी गुकेश

ध्यान चंद खेल रत्न पुरस्कार के घोषणा हो गइल बा.  खेल मंत्रालय ई जानकारी दिहलस.  खेल मंत्रालय के कहल बा कि ओलंपिक पदक विजेता मनु भाकर आ शतरंज विश्व चैंपियन डी गुकेश समेत चार गो एथलीटन के ध्यान चंद खेल रत्न पुरस्कार दिहल जाई.  मनु भाकर आ विश्व चैंपियन डी गुकेश के अलावे हरमनप्रीत सिंह आ पैरा एथलीट प्रवीण कुमार के ध्यान चंद खेल रत्न पुरस्कार से सम्मानित कइल जाई. मेजर ध्यान चंद खेल रत्न पुरस्कार खेल में देश के सबसे बड़ सम्मान हs।  एकरा अलावे खेल मंत्रालय अर्जुन पुरस्कार खातिर 32 गो खिलाड़ियन के चयन कइलस जवना में से 17 गो पैरा एथलीट हउवें.  अचरज के बात ई बा कि अर्जुन पुरस्कार खातिर चुनल गइल 32 गो खिलाड़ियन में एको क्रिकेटर के नाव नइखे.

टोक्यो ओलंपिक में इतिहास रचला के इनाम मिलल 

22 बरीस के मनु भाकर 10 मीटर एयर पिस्टल व्यक्तिगत आ 10 मीटर एयर पिस्टल मिश्रित टीम स्पर्धा में कांस्य पदक जीत के ओलंपिक के एके संस्करण में दू गो पदक जीते वाला पहिला भारतीय एथलीट बन गइलन.  टोक्यो ओलंपिक में भारतीय हॉकी टीम के लगातार दुसरका बेर कांस्य पदक जीते में हॉकी कप्तान हमरनप्रीत के अहम भूमिका रहल. एकरा संगे 18 साल के भारतीय ग्रांडमास्टर डी गुकेश हाल ही में सबसे कम उम्र के विश्व चैंपियन बनल बाड़े अवुरी पछिला साल शतरंज ओलंपियाड में भारतीय टीम के ऐतिहासिक स्वर्ण पदक जीते में उनुकर अहम भूमिका रहे।  चउथा खेल रत्न पुरस्कार विजेता पैरा हाई जम्पर प्रवीण बाड़न जे पेरिस पैरालिम्पिक में स्वर्ण पदक जीते में सफल रहलें.
अर्जुन अवॉर्ड विजेता एथलीट के लिस्ट
सलीमा टेटे (हॉकी), अभिषेक (हॉकी), संजय (हॉकी), जरमनप्रीत सिंह (हॉकी), सुखजीत सिंह (हॉकी), राकेश कुमार (पैरा-तीरंदाजी), प्रीति पाल (पैरा-एथलेटिक्स), जीवनजी दीप्ति (पैरा-एथलेटिक्स), अजीत सिंह (पैरा-एथलेटिक्स), सचिन सरजेराव खिलारी (पैरा-एथलेटिक्स), श्री धर्मबीर (पैरा-एथलेटिक्स), प्रणव सूरमा (पैरा-एथलेटिक्स), एच होकाटो सेमा (पैरा-एथलेटिक्स), सिमरन (पैरा-एथलेटिक्स), नवदीप (पैरा-एथलेटिक्स).


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.