ओला कैब चालाक युवती से कइलस दुष्कर्म, फेर मंदिर में ले जाके डाल दिहलस वरमाला, केस दर्ज

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 12, 2024

गोरखनाथ इलाका के एगो लइकी ओला कैब चालक मनोज जायसवाल के खिलाफ बलात्कार के मुकदमा दर्ज करवले बिया. लईकी के आरोप बा कि उs अपना महतारी के इलाज खातीर ड्राइवर के फोन कs के गाड़ी

Share

Crime

गोरखनाथ इलाका के एगो लइकी ओला कैब चालक मनोज जायसवाल के खिलाफ बलात्कार के मुकदमा दर्ज करवले बिया. लईकी के आरोप बा कि उs अपना महतारी के इलाज खातीर ड्राइवर के फोन कs के गाड़ी बुक करत रहली। एही दौरान उनुका से परिचय हो गईल। उs ओकरा के नशीला पदार्थ खिया के दुष्कर्म कईलस अवुरी वीडियो बना के ओकरा के ब्लैकमेल करे लगल। गोरखनाथ पुलिस लईकी के शिकायत के आधार पs मामला दर्ज कs के छानबीन करतिया।

लईकी शिकायत में आरोप लगवले बिया कि ओकर महतारी के स्वास्थ्य अक्सर खराब रहेला। डाक्टर के लगे ले जाए खातिर गोरखनाथ इलाका में ओला कैब चलावे वाला मनोज जायसवाल के फोन कs के गाड़ी बुक करावत रहली। एक दिन उs ओकरा के नशा के दवाई देके बलात्कार कईलस। 

लईकी पुलिस के बतवलस कि आरोपी वीडियो के वायरल करे के धमकी देके ओकरा के लेहड़ा मंदिर ले गईल। ओहिजा जबरन ओकरा गला में माला डाल के कहलस कि अब तू हमार मेहरारू हउअ। लोकलाज के डर से उs सब कुछ सहत रहली।

लईकी बतवलस कि अब जब ओकर बियाह दोसरा जगह तय हो गईल बा तs अब आरोपी हमरा दुनो भाई के जान से मारे के धमकी देता। उs धमकी भी दे रहल बा कि जवना लईका से उनुकर बियाह होखता ओकरा के मार देब। एही तरे उs मोबाइल पs भी धमकी देवे वाला मैसेज भेज रहल बा।

इहो पढ़ीं: Elon Musk Net Worth: एलन मस्क रचले इतिहास, 400 बिलियन डॉलर के पार पहुंचल नेटवर्थ

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.