Odisha Assembly: मंत्री मुकेश महालिंग नवीन पटनायक के गिरफ्तारी के मांग कइले, बीजद बतवलस अनुभव के कमी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 24, 2024

Odisha Assembly: ओडिशा विधानसभा के दुसरका दिने विपक्ष सदन में हंगामा मचा देलस। सदन में कार्यवाही शुरू होखते बीजद के विधायक सदन के बीच में आके राज्यपाल के बेटा के गिरफ्तारी के मांग करे लगले।

Share

Odisha Assembly: ओडिशा विधानसभा के दुसरका दिने विपक्ष सदन में हंगामा मचा देलस। सदन में कार्यवाही शुरू होखते बीजद के विधायक सदन के बीच में आके राज्यपाल के बेटा के गिरफ्तारी के मांग करे लगले। एही बीच संसदीय मामिला मंत्री मुकेश महलिंग सदन में राज्यपाल रघुबर दास के संबोधन घरी नेता प्रतिपक्ष नवीन पटनायक के कथित अनुशासनहीनता के आरोप में गिरफ्तारी के मांग कइले।

ओडिशा विधानसभा में दूसरा दिन हंगामा जारी रहल। मंगर के दिने संसदीय कार्य मंत्री मुकेश महलिंग राज्यपाल रघुबर दास के सदन में संबोधन के दौरान कथित अनुशासनहीनता के चलते बीजद अध्यक्ष आ प्रतिपक्ष नेता नवीन पटनायक के गिरफ्तारी के मांग कइलन। महलिंग विपक्ष के नेता पs सदन के नियम के उल्लंघन करे के आरोप लगवले।

उऽ कहले कि सदन में उनका कथित अनुशासनहीनता के चलते उनका के गिरफ्तार करे के चाही। विपक्षी बीजद कहलस कि महालिंग के बयान से भाजपा के सरकार चलावे के अनुभव के कमी के पता चलऽता। मीडिया के लोग से बात करत बीजद नेता अरुण कुमार साहू कहले कि उऽ जवन जिक्र कइले उऽ उनका अनुभव के कमी के दर्शावता। विधानसभा के कार्यवाही के इतिहास में हम कबो केहू के गिरफ्तारी नइखी देखले।

कार्यवाही शुरू होखते हंगामा

ओडिशा विधानसभा के दूसरका दिन के कार्यवाही शुरू होखते सदन में हंगामा शुरू हो गइल। जइसही प्रश्न घड़ी शुरू भइल बीजद के विधायक सदन के केंद्र में आके राज्यपाल के बेटा के खिलाफ कार्रवाई के मांग करे लगले।

बीजद सदस्य सदन में नारा लगावे लगले कि ओडिया पहचान कहां गइल। एकरा बाद बीजद के विधायक आ सत्ताधारी भाजपा पार्टी के बीच बकझक शुरू हो गइल। सदन में हंगामा जारी रहला पs विधानसभा अध्यक्ष सुरमा पाढ़ी सदन के पहिला कार्यवाही  सबेरे 11:30 बजे ले आ ओकरा बाद दुपहरिया चार बजे ले स्थगित कर दिहल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.