अब उज्जैनो में योगी सरकार जइसन आदेश, दुकानदारन के नांव के साथे इहो लिखे के होई; मेयर मुस्लिम के लेके कहले इ बात

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 21, 2024

मध्य प्रदेशो में यूपी सरकार के जइसन आदेश जारी भइल बा। भाजपा शासित उज्जैन नगर निगम दोकानदारन के प्राचीन शहर में अपना प्रतिष्ठानन के बाहर आपन नांव आ मोबाइल नंबर देखावे के निर्देश देले बाड़े।

Share

मध्य प्रदेशो में यूपी सरकार के जइसन आदेश जारी भइल बा। भाजपा शासित उज्जैन नगर निगम दोकानदारन के प्राचीन शहर में अपना प्रतिष्ठानन के बाहर आपन नांव आ मोबाइल नंबर देखावे के निर्देश देले बाड़े। उत्तर प्रदेश के भाजपा सरकार के ओर से काँवर यात्रा मार्ग प इस्थित भोजनालय खातिर अइसने आदेश के बाद इ निर्देश आइल बा।

अब मध्य प्रदेशो में यूपी सरकार के जइसन आदेश जारी हो गइल बा। भाजपा शासित उज्जैन नगर निगम दोकानदारन के प्राचीन शहर में अपना प्रतिष्ठान के बहरी आपन नांव (उज्जैन दुकान के नाम प्लेट के आदेश) आ मोबाइल नंबर देखावे के निर्देश देले बा।

यूपी जइसन दोकान से बाहर नांव लिखे के पड़ी

उत्तर प्रदेश के भाजपा सरकार के ओर से काँवर यात्रा मार्ग पs इस्थित भोजनालय खातिर अइसन आदेश के बाद इ निर्देश आइल बा। समाचार एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, उज्जैन मेयर परिषद 26 सितंबर 2002 के दोकानदार के नांव देखावे के प्रस्ताव के मंजूरी देले रहलें, जवना के बाद निगम सदन एकरा के मंजूरी दे देलस ओकरा बाद में आपत्ति आ औपचारिकता के मंजूरी मिल गइल आ एकरा खातिर राज्य सरकार के भेजल गइल, जवन कि अब लागू हो गइल बा।

ना तऽ जुर्माना लगावल जाई…

उज्जैन के मेयर मुकेश तत्वाल शनिचर के दिने कहलन कि उल्लंघन करे वालन के पहिला अपराध खातिर दू हजार रुपिया आ दुसरका बेर आदेश ना माने पs पाँच हजार रुपिया जुर्माना देबे के पड़ी।

मुस्लिम दुकानदारन के निशाना नइखे बनावल जात

मेयर कहले कि एह आदेश के मकसद सुरक्षा आ पारदर्शिता सुनिश्चित कइल बा। एकर मकसद मुस्लिम दोकानदार के निशाना बनावल नइखे। मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री मोहन यादव के गृहनगर उज्जैन अपना पवित्र महाकाल मंदिर खातिर जानल जाला जवना में दुनिया भर के श्रद्धालु लोग आवेलें, खास तौर पs सोमवार से शुरू होखेवाला सावन महीना में।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.