Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब सरकार तलाशी राउर चोरी भइल फोन, 17 मई से सुरू हो रहल बा नया सर्विस

2,461

How to find lost mobile phone: स्मार्टफोन हमनी के जिनगी के अहम हिस्सा हs। एकरा बिना हमनी के कइयन गो जरूरी काम रुक सकत बा। अइसन में जदि कबो फोन भूला जाये भा फेर चोरी हो जाव तs बड़ दिक्कत हो सकत बा।

जदि केहू के फोन भूला जाला तs ऊ लोग परेसान होखे लागेला। आ फोन के खोजे खातिर पुलिस में रिपोर्ट तक करावेला बाकिर एकर कुछ खास फायदा ना होला। अब ई बेबस्था पूरा तरे से बदले वाला बा। अब राउर खोवल भा फेर चोरी भइल फोन के सरकार खोजी।

हमनी के स्मार्टफोन में कइयन गो जरूरी इंफॉर्मेशन होला एहिसे  एकरा भूला गइला पs हमनी के बड़ नुकसान हो सकत बा। एकरा संगही हमनी के निजी डेटो लीक हो सकत बा। अब सरकार स्मार्टफोन के उपयोगिता आ प्राइवेसी के धेयान रखत एगो बड़ कदम उठवले बिया। सरकार एगो नया पोर्टल के लॉन्च कइले बिया। एह पोर्टल के मदद से रउआ भुलाइल फोन आसानी से मिल जाई।

17 मई के लाइव होई पोर्टल

केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव ने हाले में लोगन के भुलाइल फोन आ पर्सनल डेटा के सेफ रखे के एगो कारगर उपाय खोजले बाड़ें। केंद्रीय मंत्री संचार सारथी पोर्टल लॉन्च कइले बाड़ें। हालांकि अभी एकर सर्विस सुरू नइखे भइल। लोगन खातिर ई पोर्टल 17 मई के वर्ल्ड टेलिकॉम डे के मवका पs लाइव होई। केंद्रीय मंत्री एह दिन एह पोर्टल के सुरुआत करिहें।

संचार सारथी पोर्टल के खास बात

  • ई पोर्टल कइयन मायनन में बहुते खास बा। रउआ एकरा मदद से भुलाइल भा चोरी भइल फोन के तुरंत ब्लॉक कs पाएम।
  • एह पोर्टल में इहो पता कइल जा सकी कि रउआ आईडी पs केतना सिम चालू बा।
  • एह पोर्टल पs रउआ टेलीकॉम नेटवर्क पs फ्रॉड से जुड़ल जरूरी जानकारियो मिल जाई।
  • एप्पल के फाइंड माय फोन के तरे अब संचार सारथी पोर्टल के मदद से रउआ एंड्रॉयड फोन के तलाश कs पाएम।
545240cookie-checkअब सरकार तलाशी राउर चोरी भइल फोन, 17 मई से सुरू हो रहल बा नया सर्विस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.