हरियाणा में अब नायब सरकार: भाजपा विधायक दल के बइठक में लागल नांव पऽ मोहर

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 16, 2024

नायब सिंह सैनी हरियाणा के नयका सीएम होखीहें। राज्य के इतिहास में पहिला बेर भाजपा हैट्रिक बना के जीत हासिल कइले बिया। एह अनोखा जीत के नायक बनल नायब सिंह सैनी अब सीएम के कुर्सी

Share

नायब सिंह सैनी हरियाणा के नयका सीएम होखीहें। राज्य के इतिहास में पहिला बेर भाजपा हैट्रिक बना के जीत हासिल कइले बिया। एह अनोखा जीत के नायक बनल नायब सिंह सैनी अब सीएम के कुर्सी सम्हरिहें। नायब सैनी के लोकसभा चुनाव से पहिले सीएम बनावल गइल रहे। पार्टी नायब सैनी के सीएम के रूप में प्रोजेक्ट क के चुनाव लड़ले रहले।

सैनी आरएसएस से जुड़ल बाड़े

नायब सैनी के जनम 25 जनवरी 1970 के अम्बाला के मिर्जापुर मजरा गाँव में सैनी परिवार में भइल रहे। उऽ बीए अउरी एलएलबी कइले बाड़े। सैनी राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ से जुड़ल बाड़न। सैनी ओबीसी समुदाय से आइल बाड़े। उनका लगे संगठन में काम करे के लमहर अनुभव बा।

2002 में युवा मोर्चा भाजपा अंबाला के जिला महासचिव बनले, एकरा बाद साल 2005 में युवा मोर्चा भाजपा अम्बाला के जिला अध्यक्ष रहले। सैनी 2009 में किसान मोर्चा भाजपा हरियाणा के प्रदेश महासचिव रहले। 2012 में अम्बाला भाजपा के जिला अध्यक्ष बनले। सैनी के आरएसएस में रहला से मनोहर लाल के करीबी मानल जाला। सूत्र से पता चलता कि कुरुक्षेत्र से उनका के टिकट देवे के वकालत सीएम कइले रहले।

नारायणगढ़ से हार गइल रहले चुनाव

नायब सिंह साल 2009 में अम्बाला के नारायणगढ़ क्षेत्र से चुनाव लड़ले रहले, बाकिर कुल 1,16,039 वोट में से 3,028 वोट पा के रामकिशन गुर्जर से हार गइल रहले। साल 2014 में उऽ एही इलाका से चुनाव 24,361 वोट से जीतले रहलें, एकरा बाद उऽ 24 जुलाई 2015 से 3 जून 2019 ले राज्य सरकार में राज्य मंत्री रहलें। राज्य में श्रम आ रोजगार मंत्री के स्वतंत्र प्रभार के अलावा उऽ खान आ भूविज्ञान मंत्री आ नव आ अक्षय ऊर्जा मंत्री के रूप में भी प्रभार सम्हरले।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.