Flood Forecasting: अब 100 देसन के पहिलही मिल जाई बाढ़ के चेतावनी, गूगल के एआई टूल भइल लॉन्च

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

अइसे तs बाढ़ के लेके संबंधित विभाग पहिलही लोगन के अलर्ट करेला बाकिर आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के अइला के बाद ई काम बहुते आसान आ सटीक हो गइल बा। अब गूगल अपना एआई आधारित बाढ़

Share

अइसे तs बाढ़ के लेके संबंधित विभाग पहिलही लोगन के अलर्ट करेला बाकिर आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के अइला के बाद ई काम बहुते आसान आ सटीक हो गइल बा। अब गूगल अपना एआई आधारित बाढ़ के पूर्वानुमान फीचर 100 देसन में लॉन्च कs देले बा।

गूगल के ई फीचर अब 100 देसन के कवर करी आ लगभग 700 मिलियन लोगन के नदी के बाढ़ के पूर्वानुमान के जानकारी दी। एकरा संगही कंपनी शोधकर्ता आ पार्टनर के अपना डेटासेट्स उपलब्ध करवा रहल बिया। ताकि उ एकरा के बेहतर तरीका से समझ सके आ एकरा पूर्वानुमान के लाभ उठा सकी। गूगल एगो नया एप्लिकेशन प्रोग्रामिंग इंटरफेस (API) तइयार कइले बा, जवना से डेटा के सुचारू रूप से एक्सेस कइल जा सके।

ई API के माध्यम से यूजर्स कंपनी के जल विज्ञान पूर्वानुमान आ संभावित बाढ़ के इस्थिति के शहरी क्षेत्रन के संगे-संगे ओह क्षेत्रन में एक्सेस कs सकी, जहां स्थानीय डेटा सीमित बा। गूगल के पार्टनर आ शोधकर्ता अब एह AI-आधारित मॉडल के एक्सेस लेवे खातिर वेटिंग लिस्ट में सामिल हो सकत बा, काहेकि फिलहाल एपीआई के रिलीज नइखे कइल गइल।

गूगल के बाढ़ पूर्वानुमान सिस्टम के फ्लड हब में अब एगो नया डेटा लेयर जोड़ल गइल बा, जेमे “वर्चुअल गेज” के इस्तेमाल करत 2,50,000 पूर्वानुमान बिंदु सामिल बा। वर्चुअल गेज गूगल के एगो सिमुलेशन-आधारित भविष्यवाणी सिस्टम बा जवन अलग-अलग भूवैज्ञानिक आ वायुमंडलीय कारकन के इस्तेमाल कs के नदी में बाढ़ के संभावना के आंकलन करेले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.