Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नौवीं के छात्र के खौफनाक कदम: शिक्षिका से मंगलें माफी, लिखनें- मैडम! हम जौन कइनीं ऊ बहुते गलत रहल..

483
छात्र का फाइल फोटो

ओकरे बैग से मिलल नोट में लिखल रहे ‘हम आदित्य तिवारी कक्षा 9 के छात्र हईं। हम अपने गलती खातिर माफी मांगsतनीं, हम जौन कइनीं, ऊ बिल्कुल गलत रहल।। मैम हम वादा करsतनीं कि अइसन दूबारा कब्बो नाइ होई।’
छात्र की मां

छात्र के पिता उमेश कुमार तिवारी आर्मी से रिटायर्ड हवें अउर खरगापुर के वशिष्ठ विहार कॉलोनी में रहेने। प्रभारी निरीक्षक के मुताबिक नोट के जांच होई। परिजन के शिकायत पर आगे के कार्रवाई होई।
छात्र द्वारा लिखा नोट

ओंने, सीएमएस के प्रवक्ता ऋषि खन्ना बतवलें कि घटना से पूरा सीएमएस परिवार सकते में बा अउर आदित्य के ठीक होखले के मनोकामना करsता। छात्र से मिलल नोट स्कूल के साधारण प्रक्रिया ह।
घर मौजूद लोग

जब कौनो छात्र गलती करsला त शिक्षिका माफीनामा लिखवावेली। ऊ शिक्षिका के नंबर पिता के मोबाइल पर ब्लॉक कs के रखले रहे। शिक्षिका उनसे कहली, तहरे पिता से बात नाइ हो पावत रहल ह, उनसे कहिहs, होम विजिट पर अइहें।
382810cookie-checkनौवीं के छात्र के खौफनाक कदम: शिक्षिका से मंगलें माफी, लिखनें- मैडम! हम जौन कइनीं ऊ बहुते गलत रहल..

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.