नौवीं के छात्र के खौफनाक कदम: शिक्षिका से मंगलें माफी, लिखनें- मैडम! हम जौन कइनीं ऊ बहुते गलत रहल..

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 17, 2022

लखनऊ में गोमतीनगर विस्तार में बुध के दूपहर सीएमएस के नौंवी के छात्र रेलवे ट्रैक के पास संदिग्ध हालत में घायल मिलल। पुलिस उनके गंभीर हालत में अस्पताल पहुंचवलें। उनके लगसे नोट मिलल, जेमें ऊ

Share

छात्र का फाइल फोटो

ओकरे बैग से मिलल नोट में लिखल रहे ‘हम आदित्य तिवारी कक्षा 9 के छात्र हईं। हम अपने गलती खातिर माफी मांगsतनीं, हम जौन कइनीं, ऊ बिल्कुल गलत रहल।। मैम हम वादा करsतनीं कि अइसन दूबारा कब्बो नाइ होई।’
छात्र की मां

छात्र के पिता उमेश कुमार तिवारी आर्मी से रिटायर्ड हवें अउर खरगापुर के वशिष्ठ विहार कॉलोनी में रहेने। प्रभारी निरीक्षक के मुताबिक नोट के जांच होई। परिजन के शिकायत पर आगे के कार्रवाई होई।
छात्र द्वारा लिखा नोट

ओंने, सीएमएस के प्रवक्ता ऋषि खन्ना बतवलें कि घटना से पूरा सीएमएस परिवार सकते में बा अउर आदित्य के ठीक होखले के मनोकामना करsता। छात्र से मिलल नोट स्कूल के साधारण प्रक्रिया ह।
घर मौजूद लोग

जब कौनो छात्र गलती करsला त शिक्षिका माफीनामा लिखवावेली। ऊ शिक्षिका के नंबर पिता के मोबाइल पर ब्लॉक कs के रखले रहे। शिक्षिका उनसे कहली, तहरे पिता से बात नाइ हो पावत रहल ह, उनसे कहिहs, होम विजिट पर अइहें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.