Solar Eclipse 2024: 8 अप्रैल के लागे जाता साल के पहिला सूर्य ग्रहण, जानीं सूतक काल लागी आ नाहीं?

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2024

  सूर्य ग्रहण 2024 : एह साल के पहिला सूर्यग्रहण 8 अप्रैल 2024 के होखे वाला बा। ई ग्रहण भारतीय समय के हिसाब से 8 अप्रैल के रात 9:12 बजे से सुरू होई आ सबेरे

Share

 

सूर्य ग्रहण 2024 : एह साल के पहिला सूर्यग्रहण 8 अप्रैल 2024 के होखे वाला बा। ई ग्रहण भारतीय समय के हिसाब से 8 अप्रैल के रात 9:12 बजे से सुरू होई आ सबेरे 2:22 बजे ले चली। एह ग्रहण के कुल अवधि 5 घंटा 10 मिनट के होई। बता दीं कि ग्रहण के दौरान देखल जाए वाला सूतक काल के खास महत्व बा। सूतक काल में कई गो शुभ काम पs रोक बा।

धार्मिक मान्यता के अनुसार ग्रहण के सूतक काल 12 घंटा यानी 9 घंटा पहिले सुरू होला, जवना में सूर्यग्रहण के सूतक काल ग्रहण के समय से 12 घंटा पहिले सुरू हो जाला। सूतक काल के अशुभ समय मानल जाला। अइसन स्थिति में सूतक काल में कवनो शुभ काम ना होला। एह ग्रहण के सूतक काल 8 अप्रैल 2024 के सबेरे 9.12 बजे से सुरू हो जाई।

सुतक काल होई कि ना?

साल के पहिला सूर्यग्रहण रात में होखे वाला बा, एहसे भारत में इs ग्रहण ना लउकी। अयीसना में भारत में सूर्यग्रहण ना होखे के चलते सूतक काल भी पूरा तरीका से मान्य ना होई। उल्लेखनीय बा कि ई सूर्यग्रहण ग्रीनलैण्ड, आइसलैण्ड, ओजेरस, पोलेनेशि, उत्तरी अमेरिका के दक्षिण प्रशांत महासागर आ उत्तरी अटलांटिक महासागर इत्यादि इलाका सभ में लउकी।

*सूर्यग्रहण के समय घर से बाहर ना निकले के चाहीं

*ग्रहण के समय गर्भवती महिला के विशेष सावधानी बरते के चाही।

*ग्रहण के समय सुई में धागा ना डाले के चाहीं आ साथ ही एह दौरान कवनो चीज के छील, फाड़े, काटे भा चुभन ना करे के चाहीं।

*सूर्य ग्रहण के समय सूर्य भगवान के मंत्र जप करी।

*ग्रहण से पहिले धो के कुश भा तुलसी के पतई भा दूब के दूध आ दही में पानी के बर्तन में डाल दीं।

*ग्रहण खतम भइला के बाद दूब निकाल के फेंक दीं।

*सूर्यग्रहण के कबो सीधा आँख से ना देखीं।

*ग्रहण के समय नाखून काटल, ब्रश कईल, बाल कंघी कईल आदि वर्जित मानल जाला।

अस्वीकरण : इहाँ दिहल जानकारी धार्मिक आस्था आ लोक मान्यता पs आधारित बा। एकर कवनो वैज्ञानिक प्रमाण नइखे मिलल। खबर भोजपुरी एको बात के सच्चाई के सबूत नईखे देत।)

 

 

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.