Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Surya Grahan 2024: आजु एतना बजे से लगे जा रहल बा सूर्य ग्रहण, का करल सही रही आ का गलत, पाइ पूरा जानकारी

104

साल 2024 के पहिला सूर्यग्रहण 8 अप्रैल के होखे वाला बा। एह ग्रहण के बहुत खास मानल जाला काहें से कि ई पूर्ण सूर्यग्रहण होखी आ एकर अवधि लगभग 5 घंटा 10 मिनट के होखी। भारतीय समय के हिसाब से इs ग्रहण कब ले चली, भारत में एकर सूतक काल मान्य होई कि ना, अवुरी ग्रहण के दिन का करे के चाही अवुरी का ना करे के चाही, विस्तार से जानीं।

सूर्यग्रहण के समय आ सूतक काल

भारतीय समय के मुताबिक ग्रहण रात 9:12 बजे से सुरू होई अवुरी दुपहरिया 2:22 बजे खतम होई। जब ई सूर्यग्रहण होई तs भारत में रात के होई, एही से सूर्यग्रहण के सूतक काल भारत में मान्य ना होई। हालांकि एह दिन सूर्यग्रहण से जुड़ल सावधानी बरते के चाहीं.साल के ई पहिला सूर्यग्रहण अमेरिका, कनाडा, कोलंबिया, वेनेजुएला, आयरलैंड, पुर्तगाल, नॉर्वे, पनामा, रूस, बहामास आदि देशन में देखे के मिली। एह सूर्यग्रहण के अवधि 5 घंटा से अधिका बा आ लगभग 7 मिनट से अधिका समय ले सूरज के रोशनी धरती ले ना पहुंची। वैज्ञानिक लोग के कहनाम बा कि एs प्रकार के सूर्यग्रहण 54 साल पहिले भईल रहे। अब जानल जाव कि एह दिन धार्मिक मान्यता का हिसाब से का करे के चाहीं आ का ना करे के चाहीं.

सूर्य ग्रहण के दिन का ना करीं

*साल के पहिला सूर्यग्रहण के सूतक अवधि भारत में मान्य ना होई, बाकिर भी रउआ एह दिन कवनो नया काम शुरू ना करे के चाही। सूर्यग्रहण के सूतक काल 12 घंटा पहिले सुरू होला, माने कि भारतीय समय के हिसाब से सुतक काल सबेरे 9.12 बजे से सुरू हो जाई।

*सूर्यग्रहण के दिन भगवान के मूर्ति भा चित्र के छूवे से परहेज करे के चाहीं।

*गर्भवती महिला के सूर्यग्रहण के दिन सुई, चाकू, कैंची, ब्लेड आदि तेज वस्तु के ना छुवे के चाही। एकरा संगे गर्भवती महिला के जब ले ग्रहण खतम ना हो जाए तब ले घर से बाहर ना निकले के चाही।

*ग्रहण के सूतक काल में खाना ना पकाइ।

सूर्यग्रहण के दिन ई काम करीं

*सूर्यग्रहण के दिन मंत्र जप के लाभ मिलेला। एकरा साथे रउरा अपना के मानसिक रूप से मजबूत पावेनी. मंत्र जपला से ग्रहण के नकारात्मक प्रभाव भी दूर हो जाला।

*एह दिन के ध्यान से मानसिक शांति प्राप्त होला।

*ग्रहण से पहिले खाना खाईं।

*एह दिन धार्मिक ग्रंथन के अध्ययन फायदेमंद होला। एह दिन रउरा गीता, रामचरितमानस आदि धार्मिक किताबन के अध्ययन कs सकेनी।

 

 

784360cookie-checkSurya Grahan 2024: आजु एतना बजे से लगे जा रहल बा सूर्य ग्रहण, का करल सही रही आ का गलत, पाइ पूरा जानकारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.