गोरखपुर विश्वविद्यालय में नया सत्र के आगाज काल्ह से, तइयारी पूरा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 10, 2024

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में सत्र 2024-25 के आगाज बियफे से होई। एकरा खातिर तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा। कइयन गो विभाग में नया सत्र खातिर समय सारिणी जारी कs दिहल गइल बा,

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में सत्र 2024-25 के आगाज बियफे से होई। एकरा खातिर तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा। कइयन गो विभाग में नया सत्र खातिर समय सारिणी जारी कs दिहल गइल बा, ताकि पहिलही दिन से विद्यार्थियन के कक्षा के संचालन में कवनो कठिनाई ना आवे।

कुलपति प्रो. पूनम टंडन सब डीन के अपना संकाय से संबंधित विभागाध्यक्षन के बैठक बुलाके समीक्षा करे  खातिर कहले बाड़ी। एकर उद्देश्य नया शैक्षणिक सत्र के सुरुआत खातिर सब आवश्यक तइयारियन के पूरा करे आ शिक्षक के जिम्मेदारियन आ शिक्षण कार्यन के आवंटन के संगे पाठ्यक्रम कार्यक्रम आ समय सारिणी के अंतिम रूप देवे के बा। नया छात्रन के स्वागतो कइल जाई। एकरा संगही ओह लोगन खातिर ओरिएंटेशन प्रोग्रामो आयोजित कइल जाई।

कॉलेजन खातिर निरदेस

11 जुलाई से विश्वविद्यालय आ संबद्ध महाविद्यालयन में तृतीय, पंचम, सप्तम आ नवम सेमेस्टर आ परास्नातक तृतीय सेमेस्टर के कक्षा के संचालन सुरू हो जाई। एकरा खातिर कुलसचिव के ओर से कॉलेजन के तइयारी पूरा करे खातिर निरदेस दिहल गइल बा।

सुरू होई छात्रावास आवंटन

सत्र सुरू होखला के कुछ दिनन बाद पुरान छात्र-छात्रा खातिर छात्रावास आवंटन के प्रक्रिया सुरू हो जाई। अब जवना विद्यार्थिन के छव सीजीपीए भा ओकरा से जादे होई आ रहन-सहन अच्छा होई, ओकरा के हॉस्टल आवंटन में वरीयता दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.