चीन सीमा पs बनी नाया सड़क, हैलीपैड

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 27, 2022

बॉर्डर रोड ऑर्गनाइज़ेशन (BRO) उत्तराखंड में चीन सीमा पs सामरिक महत्व के 14 सड़क, दू गो सुरंग, आ पांच हैलीपैड निर्माण के खाका तइयार कइले बा। संगठन राज्यपाल से प्रस्ताव साझा कइले बा। मंगर के

Share

बॉर्डर रोड ऑर्गनाइज़ेशन (BRO) उत्तराखंड में चीन सीमा पs सामरिक महत्व के 14 सड़क, दू गो सुरंग, आ पांच हैलीपैड निर्माण के खाका तइयार कइले बा। संगठन राज्यपाल से प्रस्ताव साझा कइले बा।

मंगर के राजभवन में आयोजित समारोह में राज्यपाल लेफ्टिनेंट जनरल गुरमीत सिंह बीआरओ के मल्टी डाइमेन्शनल एक्सपेडिशन के हरिहर झंडी दिखा के रवाना कइलस एकरा पहिले बीआरओ के अधिकारी लो राज्यपाल के सोझा उत्तराखंड में प्रस्तावित परियोजना पs प्रस्तुतिकरण देले। एमे नाया सड़क, सड़कण के सुधारल, सुरंग, हैलीपैड, आ मवजूदा हवाई पट्टी के विस्तार सामिल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.