CAA के लेके नया नोटिफिकेशन, नागरिकता खातीर देवे के होई ई प्रमाण

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 10, 2024

  गृह मंत्रालय सीएए से जुड़ल एगो नया अधिसूचना जारी कइले बा. एकरा तहत कुछ संशोधन कs के नियम के स्पष्टीकरण दिहल गईल बा। जारी अधिसूचना में इहो बतावल गइल बा कि पहिला बेर 14

Share

 

गृह मंत्रालय सीएए से जुड़ल एगो नया अधिसूचना जारी कइले बा. एकरा तहत कुछ संशोधन कs के नियम के स्पष्टीकरण दिहल गईल बा। जारी अधिसूचना में इहो बतावल गइल बा कि पहिला बेर 14 गो शरणार्थियन के सीएए के तहत भारतीय नागरिकता दिहल गइल.

नया नोटिफिकेशन में का कहल गइल बा?

नया अधिसूचना के मुताबिक कुछ नियम साफ कs दिहल गईल बा। मुख्य रूप से बतावल गईल बा कि भारतीय नागरिकता खातीर जरूरी दस्तावेज संलग्न कईल जरूरी बा कि आवेदक के माता-पिता, दादा-दादी चाहे परदादा- परदादी पाकिस्तान, बांग्लादेश चाहे अफगानिस्तान जईसन ओ मुस्लिम देश के निवासी रहले। केंद्र सरकार, राज्य सरकार चाहे न्यायिक निकाय के ओर से जारी जमीन के रिकॉर्ड मान्य होई।

सीएए का हs?

सीएए (नागरिकता संशोधन अधिनियम) एकरा तहत मुस्लिम देश पाकिस्तान, बांग्लादेश अवुरी अफगानिस्तान से प्रताड़ित होखला के बाद भारत आवे वाला चाहे 31 दिसंबर 2014 से पहिले भारत में रहेवाला शरणार्थी के भारतीय नागरिकता दिहल जाई।

भारतीय नागरिकता संशोधन अधिनियम भारत सरकार द्वारा 11 मार्च 2024 के बनावल गइल। एकरा तहत मुस्लिम देश से आवे वाला गैर मुसलमान के ही भारतीय नागरिकता दिहल जाई। एहमें हिन्दू, बौद्ध, जैन, पारसी, ईसाई आ सिख शामिल बाड़े.

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.