Nepal Bus Accident : 51 यात्री लेके कपिलवस्तु से काठमांडो जा रहल बस नदी में गिरल, सात लोगन के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 7, 2024

उत्तराखंड के सीमा से सटल नेपाल में एगो बस के नदी में गिरला से छव यात्रियन के मौत हो गइल। बस कपिलवस्तु से काठमांडो जात रहे। गंभीर रूप से घायल सात लोगन के काठमांडो भेजल

Share

उत्तराखंड के सीमा से सटल नेपाल में एगो बस के नदी में गिरला से छव यात्रियन के मौत हो गइल। बस कपिलवस्तु से काठमांडो जात रहे। गंभीर रूप से घायल सात लोगन के काठमांडो भेजल गइल बा। बाकी के गजुरी के अस्पताल में उपचार चल रहल बा।

हादसा बुध के सबेरे पांच बजे दाढिंग के गजुरी गांव पालिका पांच के घाटबेंसी नाम के स्थान पs भइल। जिला प्रहरी कार्यालय धाढिंग के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी उप निरीक्षक संतुलाल प्रसाद जायसवाल बतवलें कि बस में 51 यात्री सवार रहे लो ।

ऊ बतवलें कि अब तक 38 सवारियन के नदी से बाहर निकालल गइल बा। बस चालक 38 साल के हरीराम हरीजन निवासी रुपंदेही लुंबिनी संस्कृति नगरपालिका नौ के नेपाल प्रहरी पकड़ लेले बा। ओकरा से हादसा के कारनन के पूछताछ कइल जा रहल बा।

साभार : अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.