NEET UG Revised Result 2024: कबो जारी हो सकत बा नीट यूजी के संशोधित परिणाम, टॉपर के संख्या 61 से हो जाई 17

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2024

NEET UG Revised Result 2024: कबो जारी हो सकत बा नीट यूजी के संशोधित परिणाम, टॉपर के संख्या 61 से हो जाई 17 NEET UG Revised Result 2024 : नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) नीट यूजी

Share

NEET UG Revised Result 2024: कबो जारी हो सकत बा नीट यूजी के संशोधित परिणाम, टॉपर के संख्या 61 से हो जाई 17

NEET UG Revised Result 2024 : नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (एनटीए) नीट यूजी के संशोधित रिजल्ट कबो जारी कs सकत बा। संशोधित रिजल्ट प्रकाशन के प्रक्रिया प्रारंभ कs दिहल गइल बा।

सुप्रीम कोर्ट के आदेस पs फिजिक्स के प्रश्न नंबर 19 के सही जवाब देला पs अब 13 लाख अभ्यर्थियन के रैंक बदल जाई। 720 में 720 अंक प्राप्त करे वाला 61 में से 44 छात्रन के अंक अब 716 हो जाई।

टॉपर के संख्या रह जाई 17

नीट यूजी में 100 प्रतिशत अंक प्राप्त करे वाला छात्रन के संख्या घटके 17 रह जाई। एनटीए के अनुसार, परिणाम जल्दिये जारी कइल जाई। प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल बा।

रिजल्ट के बाद सुरू होई काउंसलिंग के प्रक्रिया

संशोधित परिणाम जारी होखला के बाद काउंसलिंग के प्रक्रिया सुरू होई। राज्य के मेडिकल कॉलेजन में नामांकन के प्रक्रिया सीईसीईबी करी।

एह अभ्यर्थियन के अंक कम होई 

फिजिक्स के विवादित प्रश्न के 4,20,774 अभ्यर्थी विकल्प दु (पुरान एनसीइआरटी के संस्करण के हिसाब से) सवाल के जवाब देलस आ 9,28,379 अभ्यर्थी विकल्प चार चुनल लो। एनटीए विकल्प दु के चुने वाला अभ्यर्थियन के अंक कम करी।

विशेषज्ञन के अनुसार, राज्य के सरकारी मेडिकल कॉलेजन में एमबीबीएस कोर्स (Bihar MBBS Admission 2024) में नामांकन खातिर अबकी बेर कटऑफ अंक 650 से बेसी रहे के संभावना बा। ई अबतक के बरिसन में सबसे जादे बा। कॉलेजन में 15 प्रतिशत सेंट्रल आ 85 प्रतिशत स्टेट कोटा के तहत नामांकन होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.