नयका संसद भवन के छत पर लागल विशाल अशोक स्तंभ, पीएम मोदी कइले अनावरण

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2022

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु नयका संसद भवन के छत पर बनल विशाल अशोक स्तंभ के अनावरण कइलन. राष्ट्रीय प्रतीक चिन्ह कांस्य के बनल बा जेकर कुल वजन 9500 किलो बा आ एकर ऊँचाई 6.5 मीटर

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु नयका संसद भवन के छत पर बनल विशाल अशोक स्तंभ के अनावरण कइलन. राष्ट्रीय प्रतीक चिन्ह कांस्य के बनल बा जेकर कुल वजन 9500 किलो बा आ एकर ऊँचाई 6.5 मीटर बा। एकरा बाद पीएम मोदी समय प ए ढाँचा तैयार करेवाला मजदूर से बातचीत कईले। पीएमओ में मिलल सूत्र बतवले कि प्रधानमंत्री नयकी संसद के काम में लागल ‘मजदूर’ से बात कईले अवुरी ओ लोग के स्वास्थ्य अवुरी भलाई के बारे में पूछताछ कईले। ए मौका प लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला अवुरी नगरीय मामिला मंत्री हरदीप पुरी भी मौजूद रहले।

आठ अलग-अलग चरण में राष्ट्रीय प्रतीक चिन्ह लगावे के काम
नयका संसद भवन के छत पर राष्ट्रीय प्रतीक चिन्ह लगावे के काम आठ गो अलग अलग चरण में पूरा हो गइल. एह में माटी के मॉडल बनावे से ले के कंप्यूटर ग्राफिक्स तइयार करे आ कांस्य के आकृति सभ के पॉलिश करे तक के काम होला।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.