Naxalite Attack: गश्त से लवट रहल जवानन पs नक्सलियन के हमला, आईईडी ब्लास्ट में दुगो जवान बलिदान; दुगो घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 19, 2024

नारायणपुर जिला के अबूझमाड़ के मोहंदी में नक्सली आईईडी ब्लास्ट कइलें बाड़ें सs। एह ब्लास्ट में आईटीबीपी माने इंडो-तिब्बत बॉर्डर पुलिस के चार जवान घायल हो गइल, जवना से दुगो जवान बलिदान हो गइल लो।

Share

नारायणपुर जिला के अबूझमाड़ के मोहंदी में नक्सली आईईडी ब्लास्ट कइलें बाड़ें सs। एह ब्लास्ट में आईटीबीपी माने इंडो-तिब्बत बॉर्डर पुलिस के चार जवान घायल हो गइल, जवना से दुगो जवान बलिदान हो गइल लो। आउर दु के हालत सामान्य बा। घायलन के प्राथमिक इलाज खातिर रायपुर एयर लिफ्ट कइल गइल बा।

पुलिस से मिलल जानकारी के मोताबिक, नारायणपुर जिला के ओरछा, मोंडी आ एरठभट्टी से तिब्बत सीमा सुरक्षा बल, सीमा सुरक्षा बल आ जिला रिजर्व पुलिस बल के संयुक्त पार्टी नक्सली अभियान खातिर धुरबेड़ा के ओर रवाना भइल रहे। वापसी के दौरान दोपहर ग्राम कोडलियर के लगे जंगल में बारूदी सुरंग के चपेट में अइला से तिब्बत सीमा सुरक्षा बल के दुगो जवान अमर पनवार (36) महाराष्ट्र के आ राजेश (36) आंध्रप्रदेश के रहे वाला बा। घायल जवानन के बेहतर इलाज खातिर रायपुर रवाना कइल गइल।

एकरा पहिले तीन अक्तूबर के थुलथुली नेंदुर क्षेत्र में पूर्वी बस्तर डिवीजन, पीएलजीए कंपनी 6, इंद्रावती एरिया कमिटी, प्लाटून 16 इत्यादि के शीर्ष नक्सलियन के आवे के सूचना पs दंतेवाड़ा डीआरजी, नारायणपुर डीआरजी आ एसटीएफ के संयुक्त टीम नक्सल गश्त सर्च पs निकलल रहे। मुठभेड़ में 31 माओवादियन के शव हथियार सहित आउर सामान बरामद भइल रहस। संगही सब सुरक्षाबल सुरक्षित ऑपरेशन से वापस लवाटल रहे लो। एमे बाद में 38 नक्सलियन के मारल जाये के पुष्टि कइल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.