Narendra Giri Death : आनंद गिरि के जमानत अर्जी पs जज खुद के सुनवाई से कइले अलग

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2022

अखाड़ा परिषद के अध्यक्ष महंत नरेंद्र गिरि के मौत के ममिला में जेल में बंद आनंद गिरि उर्फ अशोक कुमार चोटिया के जमानत अर्जी के सुनवाई 31 मई के होई। सूक के आनंद गिरि के

Share

अखाड़ा परिषद के अध्यक्ष महंत नरेंद्र गिरि के मौत के ममिला में जेल में बंद आनंद गिरि उर्फ अशोक कुमार चोटिया के जमानत अर्जी के सुनवाई 31 मई के होई। सूक के आनंद गिरि के जमानत अर्जी पs सुनवाई होखे के रहे, बाकिर न्यायमूर्ति राहुल चतुर्वेदी एह केस के सुनवाई से खुद के अलग कs लेले। कोर्ट एह केस के आउर पीठ नामित करे ला मुख्य न्यायमूर्ति के भेज दिहल गइल बा।

मुख्य न्यायमूर्ति द्वारा नामित बेंच अब एक केस के सुनवाई करी। इलाहाबाद हाईकोर्ट के जस्टिस राहुल चतुर्वेदी व्यक्तिगत कारणन से खुद के एह ममिला के सुनवाई से अपना के अलग कs। हाईकोर्ट में सूक के सुनवाई ना हो सकला से आनंद गिरि के जमानत ना मिल सकल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.