रामलीला के पहिला दिन नारद मोह के मंचन भइल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 16, 2023

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। बरहज के ग्राम पंचायत गहिला में 29 बरिसन से चल रहल रामलीला के नवरात्रि के पहिला दिन दयाल फाउंडेशन के संस्थापक राजेश सिंह दयाल दीप प्रज्ज्वलित आ फीता काटके रामलीला के

Share

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। बरहज के ग्राम पंचायत गहिला में 29 बरिसन से चल रहल रामलीला के नवरात्रि के पहिला दिन दयाल फाउंडेशन के संस्थापक राजेश सिंह दयाल दीप प्रज्ज्वलित आ फीता काटके रामलीला के सुभारंभ कइल गइल बा। एकर आयोजक दिवाकर नाथ तिवारी आ राजेन्द्र सिंह बा लो। रामलीला समिति के अध्यक्ष राकेश यादव हवे। संचालन रामसमुज आ शैलेश कुमार के द्वारा कइल जा रहल बा।

पहिला दिन गणेश वंदना आ मंत्र उच्चारण के संगे रामलीला के सुरुआत भइल। एमे कलाकारन द्वारा रामलीला के मंचन कइल गइल। पहिला दिन नारद मोह के मंचन कइल गइल। मंचन नारद जी के कथा से आराम भइल बा। जेमे नारद जी के एक बेर अहंकार हो जाला कि महमनी के सब इंद्रियन के जीत लेले बानी सs। उनकर एह अभिमान के तुड़े खातिर भगवान विष्णु एगो सुंदर शहर आ एगो सुंदर कन्या के रचना करत बा जवना के देखके नारद जी ओह कन्या पs मोहित हो जाले, एकरा बाद नारद जी भगवान विष्णु से उनकर रूप के मांग कइले जवना रूप के पाके ऊ विश्व मोहिनी से वियाह कs सके।

भगवान उनका बंदर के रूप दे देलें। जवना से क्षुब्ध होके नारद जी भगवान विष्णु के श्राप दे देले कि जवना तरे हम पत्नी के वियोग कs रहल बानी ओहि प्रकार रउओ पत्नी के वियोग में तड़पेम आ जवना बंदर के रूप रउआ हमरा के देले बानी। उहे बंदर रूप राउर मदद करी।

एमे ग्रामप्रधान संतोष खरवार, रामू यादव, कोषाध्यक्ष परवेज अंसारी, रामजन्म सिंह, रामविजय सिंह, जयपति यादव, लालबाबू, रामवीर, राजन यादव, संतोष सिंह, विवेक सिंह आदि लोग मवजूद रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.