पूल काउंसिलिंग में नाइ भरल बीएड के सीट, अब होई सीधा प्रवेश
Published on: Nov 15, 2022
बीएड में प्रवेश के ले के प्रदेश स्तर पर चल रहल पूल काउंसिलिंग भी शनिचर के समाप्त हो गइल। लेकिन, विद्यार्थियों के रुचि न लेहले के चलते गोरखपुर विश्वविद्यालय से संबद्ध 101 कालेज के 1194
Share
बीएड में प्रवेश के ले के प्रदेश स्तर पर चल रहल पूल काउंसिलिंग भी शनिचर के समाप्त हो गइल। लेकिन, विद्यार्थियों के रुचि न लेहले के चलते गोरखपुर विश्वविद्यालय से संबद्ध 101 कालेज के 1194 सीट खाली रह गइल बा। पूल काउंसिलिंग से महज 32 सीट के भरले में ही सफलता मिल सकल बा। उहवें, ईडब्लूएस कोटा के 950 सीट में से 695 सीट अब भी खाली बा। अब कॉलेज के 22 से 25 नवंबर ले सीधे प्रवेश लेहले के मौका दिहल गइल बा।
गोरखपुर, कुशीनगर अउर देवरिया में शहर के सब कालेज के सामान्य सीट पहिलही भर चुकल रहे। ग्रामीण इलाका के कॉलेज में पूल काउंसिलिंग से सीट के भरले के उम्मीद रहल। लेकिन, पूल काउंसिलिंग में छात्र के कम प्रवेश लेहले से निराशा ही हाथ लागल रहे। हालांकि, कोरोना काल के चलते बीतल सत्र में शहर के भी कई कालेज के बीएड सीट नाइ भर सकल ब। उनके खतिर ई सत्र अच्छा रहल बा काहेसेकि शहरी क्षेत्र वाले कॉलेज में बीएड के सीट भर गइल बा।
Tags:
Share this article






