सूरूज से 57 हजार करोड़ गुना रहस्यमयी गोला के भइल खोज

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2023

वैज्ञानिक लोग अंतरिक्ष में एगो रहस्यमयी वस्तु के खोज कइले बा लो, जवन धरती से लगभग 380 करोड़ प्रकाश वर्ष दूर बा। वैज्ञानिकन के मोताबिक, ई सुरुज से 57 हजार करोड़ गुना अधिक चमक रहल

Share

वैज्ञानिक लोग अंतरिक्ष में एगो रहस्यमयी वस्तु के खोज कइले बा लो, जवन धरती से लगभग 380 करोड़ प्रकाश वर्ष दूर बा। वैज्ञानिकन के मोताबिक, ई सुरुज से 57 हजार करोड़ गुना अधिक चमक रहल बा। इहां से अत्यधिक मात्रा में ऊर्जा निकल रहल बा। कुछ वैज्ञानिकन के मोताबिक, ई गर्म गैसन के एगो  विशाल गोला बा, जबकि कुछ सुपरनोवा बता रहल बा लो।

एह बारे में ओहियो स्टेट यूनिवर्सिटी में एस्ट्रोनॉमी के प्रोफेसर क्रिस्टोफ स्टैनेक कहलें कि जदि मैग्नेटर बा तs हम एकर ताकत के 1 से 10 के पैमाना से बाहर रहेम। एकरा के ऑल स्काई ऑटोमेटेड सर्वे ऑफ सुपरनोवा (एएसएएस-एसएन) द्वारा देखल गइल। ई कइयन गो दूरबीनन के एगो नेटवर्क हs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.