Sambhal Violence : गिरफ्तारी से बचे खातिर हाईकोर्ट पहुंचलें सांसद जियाउर्रहमान बर्क, मुकदमा रद्द करे के गुहार

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 18, 2024

संभल हिंसा ममिला में अपना खिलाफ दर्ज मुकदमन के रद्द करावे खातिर सपा सांसद जियाउर्रहमान बर्क इलाहाबाद हाईकोर्ट के केवाड़ी खटखटवले बाड़ें। याचिका में ऊ कहले बाड़ें कि ऊ एगो पढ़ल लिखल आ शिक्षित सांसद

Share

जियाउद्दीन बर्क, सांसद संभल।


संभल हिंसा ममिला में अपना खिलाफ दर्ज मुकदमन के रद्द करावे खातिर सपा सांसद जियाउर्रहमान बर्क इलाहाबाद हाईकोर्ट के केवाड़ी खटखटवले बाड़ें। याचिका में ऊ कहले बाड़ें कि ऊ एगो पढ़ल लिखल आ शिक्षित सांसद हवे। ऊ आशंका जतवलें बाड़ें कि पुलिस उनका के कबो गिरफ्तार कs सकत बिया।

ऊ अपना गिरफ्तारी पs रोक लगावे के मांग कइले बाड़ें। संगही मुकदमन के रद्द करे के गुहारो लगवले बाड़ें। संभल जिला में 24 नवंबर के कोर्ट के आदेस पs शाही जामा मस्जिद के सर्वेक्षण के दौरान दंगा भड़क गइल रहे। एमे चार लोगन के मौत हो गइल रहे। दु दर्जन से जादे लोग घायल हो गइल रहे।

एमे कइयन गो पुलिसकर्मी सामिल रहे लो। एह ममिला में ढाई हजार से जादे लोगन के खिलाफ पुलिस मुकदमा दर्ज कइले बिया। एमे सांसद जियाउर्रहमान बर्क सामिल बाड़ें। सांसद पs आरोप बा कि मस्जिद से भड़काऊ भाषण देला के बाद हिंसा भड़कल रहे आ दंगा भइल रहे। पुलिस सांसद जियाउर्रहमान बर्क के खिलाफ सबूत जुटा रहल बिया।

Read Also: WTC Points Table: भारत के फाइनल में पहुंचे के केतना उम्मीद बा बाकी, अभियो तालिका में तीसरका स्थान पs बा मवजूद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.