MP Election 2023: कांग्रेस चार प्रत्याशियन के बदललस, सुमावली से अजब सिंह आ बड़नगर से मुरली मोरवाल के टिकट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 25, 2023

कांग्रेस मध्य प्रदेश में असंतुष्टन के नाराजगी दूर करे खातिर चार प्रत्याशियन के बदल देलस। मौजूदा विधायक अजय सिंह कुशवाहा आ मुरली मोरवाल के फेर से प्रत्याशी बनावल गइल बा। एह दुनो विधायकन के टिकट

Share

कांग्रेस मध्य प्रदेश में असंतुष्टन के नाराजगी दूर करे खातिर चार प्रत्याशियन के बदल देलस। मौजूदा विधायक अजय सिंह कुशवाहा आ मुरली मोरवाल के फेर से प्रत्याशी बनावल गइल बा। एह दुनो विधायकन के टिकट काटल गइल रहे। जमीन पs विरोध भइल तs कांग्रेस नेतृत्व के प्रत्याशी बदले खातिर मजबूर होखे के पड़ल।

मध्य प्रदेश विधानसभा चुनाव खातिर कांग्रेस सब 230 सीटन पs प्रत्याशी उतरला के बाद बुध के अपना चार प्रत्याशियन के बदल देले बिया। सुमावली से कुलदीप सिकरवार के जगह फेर से विधायक अजब सिंह कुशवाहा के टिकट देले बा। बड़नगर से राजेन्द्र सिंह सोलंकी के जगे विधायक मुरली मोरवाल पs भरोसा जतवले बिया। एकरा अलावे पिपरिया से गुरुचरण के जगे वीरेंद्र बेलवंशी आ जावरा में हिम्मत श्रीमाल के जगह वीरेंद्र सोलंकी के प्रत्याशी बनवले बिया।

कांग्रेस दूसरका सूची में तीन प्रत्याशियन के बदलले रहे। दतिया में अवधेश नायक के टिकट बदलके राजेंद्र भारती के मैदान में उतरलस। इहां भाजपा के तरफ से गृहमंत्री नरोत्तम मिश्रा प्रत्याशी बाड़ें। पिछोर में शैलेंद्र सिंह के टिकट काटके अरविंद सिंह लोधी आ गोटेगांव से पूर्व विधानसभा अध्यक्ष एनपी प्रजापति के टिकट कटला के बाद उनका के दोबारा प्रत्याशी बनावले रहे। इहां कांग्रेस पहिले शेखर चौधरी के प्रत्याशी बनवले रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.