Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत में लॉन्च भइल सबसे हलूक आ सबसे स्लिम फोन, मिली स्नैपड्रैगन 695 प्रोसेसर

Moto G82 5G के लेके कहल जा रहल बा कि ई अपना सेगमेंट में सबसे हलूक आ पातर फोन हs। एकर वजन 173 ग्राम बा।

2,797

मोटोरोला अपना नाया स्मार्टफोन Moto G82 5G के भारत में लॉन्च कs देले बा। Moto G82 5G के साथे 120Hz के एमोलेड डिस्प्ले दिहल गइल बा। एकरा अलावे मोटोरोला के एह फोन में तीन गो रियर कैमरा दिहल गइल बा। Moto G82 5G में स्नैपड्रैगन 695 प्रोसेसर के साथे 8 जीबी रैम दिहल गइल बा।Moto G82 5G के लेके कहल जा रहल बा कि ई अपना सेगमेंट में सबसे हलूक आ पातर फोन हs। एकर वजन 173 ग्राम बा। Moto G82 5G के मुकाबला Redmi Note 11 Pro+, OnePlus Nord CE 2 Lite आ Vivo T1 जइसन फोन के साथे होई।

Moto G82 5G के कीमत

Moto G82 5G के 6 जीबी रैम के साथे 128 जीबी स्टोरेज के कीमत 21,499 रुपिया बा। ओहिजा 8 जीबी रैम के साथे 128 जीबी स्टोरेज के कीमत 22,999 रुपये राखल गइल बा। Moto G82 5G के Meteorite Gray आ White Lily कलर में 14 जून से फ्लिपकार्ट के अलावे रिटेल स्टोर से किनल जा सकी।

Moto G82 5G के स्पेसिफिकेशन

Moto G82 5G के साथे एंड्रॉयड 12 मिली। एकरा अलावे फोन में 6.6 इंच के फुल एचडी प्लस एमोलेड डिस्प्ले दिहल गइल बा जवना के रिजॉल्यूशन 1080×2400 पिक्सल बा। डिस्प्ले के रिफ्रेश रेट 120Hz बा। एकरा संगही स्नैपड्रैगन 695 प्रोसेसर आ 8 जीबी LPDDR4X रैम के साथे 128 जीबी तक के स्टोरेज दिहल गइल बा।

Moto G82 5G के कैमरा

मोटो के एह फोन में तीन गो रियर कैमरा बा जेमे प्राइमरी लेंस 50 मेगापिक्सल के बा जेकर अपर्चर f/1.8 बा। एकरा साथे ऑप्टिकल इमेज स्टेबलाइजेशन के सपोर्ट बा। दूसरका लेंस 8 मेगापिक्सल के अल्ट्रा वाइड एंगल हs जेकरा साथे डेफ्थ के सपोर्ट बा। तीसरका लेंस 2 मेगापिक्सल के मैक्रो सेंसर हs। सेल्फी खातिर एमे 16 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा दिहल गइल बा।

Moto G82 5G के बैटरी

कनेक्टिविटी खातिर एमे 5G, 4G LTE, Wi-Fi 802.11ac, ब्लूटूथ v5.1, GPS/A-GPS, NFC, USB टाईप-सी पोर्ट आ 3.5mm हेडफोन जैक बा। एकरा अलावे फोन में साइड माउंटेड फिंगरप्रिंट सेंसरो दिहल गइल बा। फोन में डुअल स्टीरियो स्पीकर बा जेकरा साथे डॉल्बी एटमॉस के सपोर्ट बा। Moto G82 5G में 5000mAh के बैटरी बा जेकरा साथे 30W TurboPower फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट बा। फोन के वजन 173 ग्राम बा।

 

270720cookie-checkभारत में लॉन्च भइल सबसे हलूक आ सबसे स्लिम फोन, मिली स्नैपड्रैगन 695 प्रोसेसर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.