आम लोगन के ऊपर नया साल से पहिले एक बेर फेर महंगाई के मार पड़ल बा, जेमे मदर डेयरी दूध के दाम में 2 रुपिया के बढ़न्ती के घोषणा कइले बा। हालांकि गाय के दूध आ टोकन वाला दूध के कीमतन में कवनो तरह के बढ़न्ती नइखे भइल। मदर डेयरी लागत में बढ़न्ती के हवाला देत दूध के कीमतन में बढ़ोतरी करे के फैसला लेले बा। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक मदर डेयरी दिल्ली-एनसीआर में प्रति दिन 30 लाख लीटर से अधिक के मात्रा के संगे अग्रणी दूध आपूर्तिकर्तन में से एगो हs। मदर डेयरी द्वारा एह साल दूध के कीमतन में पांचवी बेर ई बढ़न्ती कइल गइल बा।
मदर डेयरी फुल क्रीम दूध के कीमत 2 रुपिया बढ़ाके 66 रुपिया प्रति लीटर कs देले बा, जबकि टोंड दूध के कीमत 51 रुपए प्रति लीटर से संशोधित कs के 53 रुपए प्रति लीटर कs दिहल गइल बा। एकरा संगही डबल टोंड दूध के कीमत 45 रुपिया प्रति लीटर से बढ़ाके 47 रुपिया प्रति लीटर कs दिहल गइल बा। ओहिजा गाय के दूध आ टोकन (बल्क वेंडेड) दूध के कीमतन में कवनो तरह के परिवर्तन नइखे कइल गइल।
एह साल मदर डेयरी पांचवां बेर बढ़वलस दाम
एकरा पहिले मदर डेयरी पिछलके महीना नवंबर में दूध के दाम बढ़वले रहे, जेमे दिल्ली-NCR में फुल क्रीम दूध के कीमत 1 रुपए प्रति लीटर आ भैस के दूध के कीमत 2 रुपिया प्रति लीटर बढ़ल रहे। ओहिजा एह साल अभी ले मदर डेयरी पांच बेर दूध के कीमतन में बढ़न्ती कs चुकल बा।
Post Views: 7