Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

त्रिपुरा के पूर्व CM बिप्लब देब के घर पर भीड़ के हमला, आगजनी अउर गाड़ी में तोड़फोड़

474

त्रिपुरा में गोमती जिले के उदयपुर में त्रिपुरा के पूर्व मुख्यमंत्री अउर भाजपा के राज्यसभा सांसद बिप्लब कुमार देब के पैतृक घर के बहरा मंगर देर रात अज्ञात भीड़ हमला कs दिहलस। भीड पुजारियन के भी निशाना बनवलस। हमलावर सब एह दौरान गाड़ी में भी तोड़फोड़ कइलें।

देब के घर यज्ञ करावे आइल रहनें पुजारी लोग

ई घटना ओ समय भइल जब पुजारियन के एगो ग्रुप देब के उदयपुर के जामजुरी इलाका के राजनगर स्थित आवास पर पहुंचल रहे। पुजारी बुध के देब के पिता के पुण्यतथि के मौका पर उनके आवास पर यज्ञ करावे आइल रहनें। खबर के मुताबिक, बदमाश सब पुजारियन पर हमला कइलें अउर गाड़ी में तोड़फोड़ कइलें। आसपास के लोग अउर स्थानीय लोग पुजारियन के बचवलें जेकरे बाद हमलावर भाग गइलें।

घटना के ले के स्थानीय लोग विरोध शुरू कs दिहल। एकरे बाद भारी पुलिस बल के तैनाती कइल गइल बा। स्थिति के सम्हारे खातिर उप मंडल पुलिस अधिकारी निरुपम देबबर्मा अउर अतिरिक्त पुलिस अधीक्षक देबांजना रॉय मौके पर पहुंचनें। पुण्यतिथि से एक दिन पहिले पूर्व सीएम के पैतृक घर पर हमला के सीपीएम के साजिश बतावल जा रहल बा। बतावल जा रहल बा कि काकराबन के विधायक रतन चक्रवर्ती मंगर के हमला करे वालन के संगे बैठक कइले रहनें।

सीपीएम पर शक

टूटल गाड़ी के मालिक जितेंद्र कौशिक कहनें कि हम माई त्रिपुर सुंदरी मंदिर के दर्शन करे आइल रहनीं। इहां हम अपने गुरुदेव जी के निर्देश पर बुध के होनखे वाले यज्ञ के तैयारी देखे आइल रहनें। अचानक एगो भीड़ आइल, ऊ हमरा पर हमला कइलें सब अउर हमरे गाड़ी में तोड़फोड़ कइलें । ऊ चिल्लइलें कि या त सीपीआई (एम) होई या त केहू नाइ।

430600cookie-checkत्रिपुरा के पूर्व CM बिप्लब देब के घर पर भीड़ के हमला, आगजनी अउर गाड़ी में तोड़फोड़

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.