Lifestyle: बाल झड़त बा? तs घरे पs तैयार करीं जटामांसी तेल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 28, 2024

  आज काल्ह के अनहेल्दी जीवनशैली के असर आदमी के स्वास्थ्य के संगे ओकर बाल पs भी पड़ेला। एकरा चलते बाल जल्दीए सफेद होखे लागता जवन कि आपके व्यक्तित्व के खराब कs देवेला। बहुत लोग

Share

 

आज काल्ह के अनहेल्दी जीवनशैली के असर आदमी के स्वास्थ्य के संगे ओकर बाल पs भी पड़ेला। एकरा चलते बाल जल्दीए सफेद होखे लागता जवन कि आपके व्यक्तित्व के खराब कs देवेला। बहुत लोग के कम उमिर में सफेद बाल के समस्या के सामना करे के पड़ता। जवना खातिर लोग केमिकल ऑयल अवुरी शैम्पू के इस्तेमाल करेले, बाकिर जवन चीज़ बाल के ठीक कs सकता उs जड़ी-बूटी के चीज़ हs। दादी के जड़ी-बूटी के दवाई बाल के सफेद बाल के दूर करे में मदद करेला। बाल के स्वस्थ बनावे खातिर जटामांसी तेल बहुत फायदेमंद होखेला। इs एगो अयीसन पौधा हs जवन बाल खातीर कारगर साबित होखेला। जटामांसी तेल बनावे के तरीका आ ओकर फायदा के बारे में जानीं जा।

कईसे बनाई जटामांसी के तेल

एह तेल के बनावे खातिर रउरा के महज चार गो चीज के जरूरत बा. एकरा में जटामांसी, अरंडी के तेल, नारियल तेल अवुरी कांच के बर्तन। एकरा के बनावे खातिर पहिले एगो कांच के बर्तन में जटामांसी पाउडर, अरंडी के तेल अवुरी नारियल तेल डाल दीं। अब एह बर्तन पs कपड़ा डाल के ढक्कन से ढंक के रख दी. अब एह बर्तन के 2-3 दिन धूप में राखीं आ ना खोलीं. एकरा बाद एकरा के 5-7 दिन ले अन्हार जगह पs राखे के चाही। राउर जटामांसी तेल तइयार हो जाई.

जटामांसी तेल के फायदा

जटामंसी तेल बाल में मेलेनिन के प्रोडक्शन बढ़ावेला, जवना के चलते बाल के रंग करिया राखे में मदद करेला अवुरी बाल के सफेद ना होखे देवेला। संगही, एकरा के लगावे से बाल जड़ से मजबूत हो जाला अवुरी बाल गिरला के समस्या कम हो जाला। एकरा अलावे जटामांसी तेल तनाव कम करे में मदद करेला अवुरी एs प्रकार से आपके दिमाग के शांत कs देवेला।

“अस्वीकरण:  ई खाली सामान्य जानकारी देवे खातीर बा। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे. अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं. खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत.”

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.