MCA: डीपफेक पहचाने खातिर सबसे भरोसेमंद टूल बनल WhatsApp चैट, अइसे करीं इस्तेमाल

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2024

आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के गलत इस्तेमाल बड़ स्तर पs हो रहल बा। एआई के सबसे जादे इस्तेमाल डीपफेक खातिर हो रहल बा। डीपफेक वाला गलत सूचना के पहचान खातिर कुछ दिन पहिले मिसइंफॉर्मेशन कॉम्बैट अलायंस

Share

आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के गलत इस्तेमाल बड़ स्तर पs हो रहल बा। एआई के सबसे जादे इस्तेमाल डीपफेक खातिर हो रहल बा। डीपफेक वाला गलत सूचना के पहचान खातिर कुछ दिन पहिले मिसइंफॉर्मेशन कॉम्बैट अलायंस (MCA) डीपफेक एनालिसिस यूनिट (DAU) बनवले बिया। जवना खातिर एगो व्हाट्सएप नंबर जारी भइल बा। अब व्हाट्सएप के ओर से कहल गइल बा कि डीपफेक के पहचान करे खातिर व्हाट्सएप के ई टिपलाइन नंबर सबसे भरोसेमंद टूल के रूप में सामने आइल बा। बता दीं कि व्हाट्सएप टिपलाइन नंबर के 25 मार्च, 2024 के लॉन्च कइल गइल बा।

रउओ कs सकत बानी WhatsApp के एह टूल के इस्तेमाल

जदि अइसन वीडियो भा फोटो आ रहल बा। जवना के लेके रउआ संदेह बा कि ई डीपफेक भा फर्जी हो सकत बा तs रउओ WhatsApp के एह टिपलाइन नंबर पs एकरा के भेजके ओकर जांच कs सकत बा लो। व्हाट्सएप के ई टिपलाइन नंबर फिलहाल अंग्रेजी, हिंदी, तमिल आ तेलुगु तीन भाषा के सपोर्ट कs रहल बा।

अइसे करीं एह टूल के इस्तेमाल

सबसे पहिले अपना कॉन्टेक्ट लिस्ट में +91-9999025044 के सेव करीं। एकरा बाद ओह मैसेज, फोटो भा वीडियो के व्हाट्सएप के माध्यम से एह नंबर पs भेज दीं, जवना के लेके रउआ संदेह बा। तनिका देर में रउआ एगो रिपोर्ट मिल जाई। जेमे बतावल जाई कि जवन फोटो भा वीडियो रउआ भेजले बानी ऊ डीपफेक हs कि ना भा फेर फर्जी बा कि ना।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.