कथावाचक देवकीनंदन ठाकुर के जान से मारे के धमकी, सउदी अरब से आइल कॉल, बोलल- जिंदा जरा देम भा बम से उड़ा देम

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 26, 2022

सनातन धर्म के प्रचार-प्रसार में जुटल ठा. प्रियाकांतजू मंदिर के संस्थापक देवकीनंदन महाराज के अब बम से उड़ावे के धमकी मिलल बा। सउदी अरब से उनका निजी नंबर पs आइल कॉल में सामने से बाेलत

Share

सनातन धर्म के प्रचार-प्रसार में जुटल ठा. प्रियाकांतजू मंदिर के संस्थापक देवकीनंदन महाराज के अब बम से उड़ावे के धमकी मिलल बा। सउदी अरब से उनका निजी नंबर पs आइल कॉल में सामने से बाेलत एगो व्यक्ति उनका के चौक पs जिंदा जला देवे भा फेर बम से उड़ा देवे के धमकी देले बा। एकरा बाद देवकीनंदन महाराज महाराष्ट्र में शिकायत दर्ज करवले बाड़ें। घटना के जानकारी के बाद पुलिस महाराष्ट्र में चल रहल कथा पंडाल के सुरक्षा बढ़ा देले बिया।

महाराष्ट्र में प्रवचन दे रहल बाड़ें कथावाचक

कथावाचक देवकीनंदन महाराज महाराष्ट्र के मुंबई इस्थित खारगर में श्रीमद्भागवत के प्रवचन कर रहल बाड़ें। सनीचर के देवकीनंदन महाराज के मोबाइल पs आइल काल में काल करे  वाला व्यक्ति पहिले तs गाली देलस आ फेर उनका के बम से उड़ावे आ चौक पs जिंदा जरावे के धमकी देलस। डेढ़ मिनट के काल के उनकर साथी वीडियो बना लेले। कर जानकारी ट्विटर के माध्यम से स्थानीय पुलिस के देवे के संगही पीएमओ, गृहमंत्रालय आउर महाराष्ट्र आ उप्र के मुख्यमंत्री के दिहल गइल बा।

प्रियाकांतजु मंदिर के सचिव विजय शर्मा बतवलें कि महाराष्ट्र पुलिस घटना के संज्ञान लेत कथा पंडाल के पुलिस छावनी में तब्दील कs देले बिया। संस्था खारघर थाना में एनसीआर दर्ज करवलस।

श्रद्धा आ आफताब ममिला में लव जिहाद पs कइले रहस जाग्रत

एकरा पहिलहु अप्रिल में मुंबई के वासिम में हनुमान जयंती पs रामभक्तन के संगे शोभायात्रा निकालला पs उनका दुबई से धमकी भरल फोन आइल रहे। काहेकि देवकीनंदन महाराज के सनातन धर्म खातिर मुखर प्रवचन के वीडियो वीडियो वायरल होते रहल बा। पिछला दिनन श्रद्धा आ आफताब ममिला ऊ लव जिहाद पs हिंदू समाज के जाग्रत करत प्रमुखता से बोलल रहस। एकरा बाद कइयन गो कॉल, मैसेज संस्था के नंबरन पs आ चुकल बा। बाकिर, अबकी बेर सीधे देवकीनंदन महाराज के मोबाइल पs कॉल कs के धमकी दिहल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.