मारुति एह बेहतरीन एसयूवी से हटवलस Spare Wheel, अब मिली टायर रिपेयर किट

By Anurag Ranjan

Published on: May 22, 2024

देस के सबसे बड़ वाहन निर्माता मारुति के ओर से भारत में कॉम्‍पैक्‍ट आ मिड साइज सेगमेंट में कइयन बेहतरीन एसयूवी के ऑफर कइल जाला। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक कंपनी के ओर से आपन एगो

Share

देस के सबसे बड़ वाहन निर्माता मारुति के ओर से भारत में कॉम्‍पैक्‍ट आ मिड साइज सेगमेंट में कइयन बेहतरीन एसयूवी के ऑफर कइल जाला। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक कंपनी के ओर से आपन एगो एसयूवी से Spare Wheel के हटा दिहल गइल बा। जवना के बाद टायर रिपेयर किट के दिहल गइल बा। कंपनी अइसन काहे कइलस। हमनी के रउआ के एकर जानकारी एह खबर में दे रहल बानी सs।

एह एसयूवी से हटावल Spare Wheel

मारुति के ओर से आपन एगो एसयूवी से Spare Wheel के हटा दिहल गइल। कंपनी एकरा Fronx एसयूवी से हटवले बिया। एकर जगह मारुति के ओर से Tyre Repair Kit के स्‍टैंडर्ड तौर पs दिहल जा रहल बा। एह किट के एसयूवी के पूरा रेंज में स्‍टैंडर्ड तौर पs दिहल कइल जा रहल बा। कंपनी के मोताबिक, अइसन एह  खातिर कइल गइल बा, काहेकि एकरा से ग्राहकन के जादे सुविधा मिल पाई।

कइसन बा फीचर्स

फ्रॉन्‍क्‍स में मारुति के ओर से हेड-अप डिस्‍प्‍ले, वायरलेस चार्जर, नौ इंच स्‍मार्ट प्‍ले प्रो इंफोटेनमेंट सिस्‍टम, स्‍मार्टवॉच कनेक्टिविटी, छह एयरबैग, एबीएस, ईबीडी, हिल होल्‍ड असिस्‍ट जइसन कइयन गो फीचर्स के दिहल जाला। एसयूवी में 195/60 के प्रोफाइल के 16 इंच के टायर दिहल जाला। ओहिजा, सिगमा आ डेल्‍टा वेरिएंट्स में स्‍टील व्‍हील आउर व्‍हील कवर्स के दिहल जाला। ओहिजा, आउर वेरिएंट्स में अलॉय व्‍हील्‍स के दिहल जाला।

केतना दमदार इंजन

मारुति Fronx में कंपनी के ओर से 1.2 लीटर ड्यूल वीवीटी आ एगो लीटर टर्बो बूस्‍टरजेट इंजन के विकल्‍प के दिहल जाला। 1.2 लीटर इंजन से एसयूवी के 89.73 पीएस के पावर आ 113 न्‍यूटन मीटर के टॉर्क मिलेला। ओहिजा, एक लीटर टर्बो इंजन से एसयूवी के 100.06 पीएस आ 147.6 न्‍यूटन मीटर के टॉर्क मिलत बा।

कुछ समय पहिले लॉन्‍च कइल दुगो वेरिएंट

मारुति Fronx एसयूवी के दुगो नया वेरिएंट्स के कुछ समय पहिलही लॉन्‍च कइले रहे। एसयूवी के नया वेरिएंट्स के तौर पs DELTA+ (O) 1.2L 5MT ESP आ DELTA+ (O) 1.2L AGS ESP वेरिएंट्स के पेश कइल गइल रहे।

केतना बा कीमत

मारुति Fronx के एक्‍स शोरूम कीमत के सुरूआत 7.51 लाख रुपिया से होत बा आ एकर वेरिएंट के 11.95 लाख रुपिया के एक्‍स शोरूम कीमत पs  किनल जा सकत बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.