Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Jharkhand: बोकारो में बड़ रेल हादसा टलल, रेलवे फाटक आ ट्रैक के बीच फंसल ट्रैक्टर, तबे आ गइल राजधानी एक्सप्रेस

दक्षिण पूर्व रेलवे (आद्रा डिवीजन) के डीआरएम मनीष कुमार मीडिया के बतवलें कि बोकारो जिला के भोजूडीह रेलवे स्टेशन के लगे संथालडीह रेलवे क्रॉसिंग पs ट्रैक्टर रेलवे गेट से टकरा गइल। हालांकि, ट्रेन के चालक ब्रेक लगवलें आ ट्रेन रुक गइल, जवना से बड़ हादसा टल गइल।

392

झारखंड के बोकारो जिला में मंगर के सांझ नई दिल्ली-भुवनेश्वर राजधानी एक्सप्रेस (ट्रेन संख्या 22812) हादसा के शिकार होखे से बाल-बाल बचल। रेलवे अधिकारी लोग बतावल कि भोजूडीह रेलवे स्टेशन के लगे संथालडीह रेलवे क्रॉसिंग पs एगो ट्रैक्टर रेल पटरी आ गेट के बीच फंस गइल रहे। ओहि समय राजधानी एक्सप्रेस उहां से गुजरत रहे। बाकिर ट्रेन ड्राइवर के सूझबूझ से बड़ हादसा टल गइल।

दक्षिण पूर्व रेलवे (आद्रा डिवीजन) के डीआरएम मनीष कुमार मीडिया के बतवलें कि बोकारो जिला के भोजूडीह रेलवे स्टेशन के लगे संथालडीह रेलवे क्रॉसिंग पs रेलवे लाइन आ गेट के बीच एगो ट्रैक्टर फंस गइल रहे। हालांकि, ट्रेन के चालक ब्रेक लगवलें आ ट्रेन रुक गइल, जवना से बड़ हादसा टल गइल। ओहिजा, ट्रैक्टर के चालक मवका से फरार हो गइल।

करीब 45 मिनट तक रुकल रहल राजधानी एक्सप्रेस

मनीष कुमार कहलें कि घटना सांझ के करीब पांच बजे भइल आ एह कारण ट्रेन करीब 45 मिनट तक रुकल रहल। ऊ कहलें कि ट्रैक्टर के जब्त कs लिहल गइल बा आ संबंधित थाना में एफआईआर दर्ज करावल गइल बा। गेट मैन के निलंबित कs दिहल गइल बा।

ओडिशा के बालासोर जिला में दु जून के भइल भीषण ट्रेन दुर्घटना के बाद ई ममिला सामने आइल बा। बालासोर में एक संगे तीन गो ट्रेनन के टकरइला से 288 लोगन के मौत हो गइल आ 1,100 से बेसी लोग घायल भइल।

असम में रेल इंजन से अलग भइल रहे ट्रेन के डिब्बा

एकरा पहिले, बीतल सनीचर के असम के कोकराझार जिला में बड़ ट्रेन हादसा टलल रहे, जब एगो ट्रेन के इंजन आ दु गो आउर डिब्बन के संगे आगे चल गइल रहे, जबकि बाकी आठ डिब्बा ट्रेन से अलग हो गइल रहे। ट्रेन के इंजन दु डिब्बन के संगे करीब 600 मीटर तक आगे चला गइल रहे। गनीमत ई रहल कि पीछे से कवनो ट्रेन ना आवत रहे, एहिसे बड़ घटना होत-होत बचल।

557710cookie-checkJharkhand: बोकारो में बड़ रेल हादसा टलल, रेलवे फाटक आ ट्रैक के बीच फंसल ट्रैक्टर, तबे आ गइल राजधानी एक्सप्रेस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.