जम्मू-कश्मीर के डोडा में बड़ सड़क हादसा, खाई में गिरल बस, 30 लोगन के मउत के अंदेशा

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2023

  बुध के दिने जम्मू-कश्मीर के डोडा जिला में यात्री सवार बस सड़क से फिसल के 300 फीट गहिरा खाई में गिर गइल जवना के चलते नाहियो तs 30 लोग के मउत के आशंका बा।

Share

 

बुध के दिने जम्मू-कश्मीर के डोडा जिला में यात्री सवार बस सड़क से फिसल के 300 फीट गहिरा खाई में गिर गइल जवना के चलते नाहियो तs 30 लोग के मउत के आशंका बा। अधिकारी बतवले कि बस के रजिस्ट्रेशन नंबर जेके02सीएन-6555 बा। बस में करीब 40 यात्री रहले। बस बटोटे-किश्तवाड़ राष्ट्रीय राजमार्ग पs त्रुंगल-अस्सार के लगे सड़क से फिसल के 300 फीट नीचे एगो खाई में गिर गइल। जम्मू के संभागीय आयुक्त रमेश कुमार बतवले कि बचाव कार्य शुरू हो गईल बा अवुरी कुछ लाश बरामद भईल बा। उ पीटीआई के बतवले कि ए दुर्घटना में कम से कम 10 लोग के मउत हो गईल अवुरी बहुत लोग घाही हो गईले।

सूत्र बतवले कि बहुत ऊँचाई से गिरला से बस के बहुत नुकसान पहुंचल बा। उ बतवले कि स्थानीय लोग के अलावे पुलिस अवुरी राज्य आपदा प्रतिक्रिया बल (एसडीआरएफ) के जवान बचाव अभियान में लागल बाड़े। उ बतवले कि कुछ घाही यात्री के अस्पताल पहुंचावल गईल बा। बहुत लोग के हालत गंभीर बा। कुछ घायल यात्री के हवाई जहाज से सरकारी मेडिकल कॉलेज (जीएमसी) अस्पताल जम्मू में ले जाए के संभावना बा।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.