पूर्वांचल एक्सप्रेस-वे पs बड़ हादसा, भीषण टक्कर में बस सवार 4 लोगन के मउत, 12 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 9, 2024

  उत्तर प्रदेश के अमेठी के पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पs एगो बड़ हादसा भईल। दिल्ली से सिवान जाए वाली बस एगो अनजान गाड़ी से टकरा गईल। एह हादसा में बस में सवार चार लोग के मौका

Share

 

उत्तर प्रदेश के अमेठी के पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पs एगो बड़ हादसा भईल। दिल्ली से सिवान जाए वाली बस एगो अनजान गाड़ी से टकरा गईल। एह हादसा में बस में सवार चार लोग के मौका पs मौत हो गईल, जबकि 12 लोग घाही हो गईले। घटना मंगल के रात 2:00 बजे भईल। टक्कर एतना तेज रहे कि बस के एगो हिस्सा उड़ गईल।

गाड़ी के तलाशी में व्यस्त पुलिस

शुक्ला बाजार थाना के नजदीक भईल दुर्घटना। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। गंभीर रूप से घायल तीन यात्री के जिला अस्पताल में इलाज चलता। दुर्घटना के बाद चालक अनजान गाड़ी के संगे फरार बा। पुलिस गाड़ी के तलाश में व्यस्त बिया। अधिकतर घाही लोग के माथा में चोट लागल बा।  दुर्घटना के बाद सड़क जाम हो गईल।  रात में क्रेन के बोला के बस के सड़क से हटा दिहल गईल।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.