मनकापुर रेलवे स्टेशन के लगे बड़ हादसा, चंडीगढ़ – डिब्रूगढ़ ट्रेन के पलटल कईगो डिब्बा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 18, 2024

  चंडीगढ़ से डिब्रूगढ़ जाए वाली ट्रेन जिला के मनकापुर रेलवे स्टेशन के लगे झिलाही अवुरी मोतीगंज के बीच पिकौरा गांव के नजदीक अचानक पटरी से उतर गईल। जवना में सैकड़ों यात्री गंभीर रूप से

Share

 

चंडीगढ़ से डिब्रूगढ़ जाए वाली ट्रेन जिला के मनकापुर रेलवे स्टेशन के लगे झिलाही अवुरी मोतीगंज के बीच पिकौरा गांव के नजदीक अचानक पटरी से उतर गईल। जवना में सैकड़ों यात्री गंभीर रूप से चोट पहुंचल बाड़े। कुछ यात्री के मउत के भी खबर बा। ट्रेन के नीचे दब के मरल लोग के लाश निकालल जाता। घाही लोग के एम्बुलेंस से जिला अस्पताल पहुंचावल जा रहल बा। ट्रेन के पलटे के कारण अबे ले पता नईखे चलल। रेल प्रशासन घायल लोग के निकाल के इलाज खातिर अस्पताल भेज रहल बा।

राज्य के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी एs घटना के संज्ञान लेले बाड़े। उs अधिकारी के तुरंत मौका पs पहुंच के राहत के काम में तेजी ले आवे अवुरी घाही के उचित इलाज करावे के निर्देश देले बाड़े। सीएम योगी जिला प्रशासन के अधिकारी के हर संभव सहायता देवे के निर्देश देले बाड़े। सीएम के निर्देश पs आसपास के जिला के सभ अस्पताल, सीएचसी अवुरी पीएचसी के अलर्ट मोड में डाल दिहल गईल बा। एसडीआरएफ के टीम मौका पs पहुंच गईल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.