तमन्ना भाटिया के महाराष्ट्र साइबर सेल भेजलस समन, अवैध स्ट्रीमिंग से जुड़ल बा मामिला

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 25, 2024

दक्षिण से लेके बॉलीवुड ले आपन अभिनय कौशल देखावे वाली तमन्ना भाटिया परेशानी में बाड़ी। अभिनेत्री तमन्ना भाटिया के लेके एगो हैरानी के खबर सामने आईल बा। बतावल जाता कि महाराष्ट्र साइबर सेल तमन्ना भाटिया

Share

दक्षिण से लेके बॉलीवुड ले आपन अभिनय कौशल देखावे वाली तमन्ना भाटिया परेशानी में बाड़ी। अभिनेत्री तमन्ना भाटिया के लेके एगो हैरानी के खबर सामने आईल बा। बतावल जाता कि महाराष्ट्र साइबर सेल तमन्ना भाटिया के बोलवले बा। संजय दत्त के बाद अब अभिनेत्री तमन्ना के नाम भी एह अवैध स्ट्रीमिंग केस में जोड़ल गईल बा। रिलायंस इंडस्ट्रीज लिमिटेड के सहायक कंपनी वायाकॉम 18 के आईपीएल 2023 के अवैध स्ट्रीमिंग के चलते भारी नुकसान उठावे के पड़ल। अब एह मामिला में तमन्ना भाटिया के 29 अप्रैल के साइबर शाखा के सोझा पेश होखे के पड़ी।

महाराष्ट्र साइबर तमन्ना भाटिया के समन भेजलस

महाराष्ट्र साइबर सेल बॉलीवुड अभिनेत्री तमन्ना भाटिया के बोलवले बा। बता दीं कि साइबर सेल महादेव बेटिंग ऐप के सहयोगी ऐप फेयरप्ले के प्रचार के लेके तमन्ना के समन भेजले बा। अब एs मामिला में तमन्ना भाटिया के 29 अप्रैल के साइबर शाखा के सोझा पेश होखे के होई। महाराष्ट्र साइबर फेयरप्ले ऐप पs आईपीएल 2023 के अवैध स्ट्रीमिंग के मामिला में अभिनेत्री तमन्ना के पूछताछ खातीर फोन कईले बा।

अवैध स्ट्रीमिंग केस में फंसली तमन्ना भाटिया

जनता में आईपीएल 2024 के जबरदस्त क्रेज बा। एही बीच आईपीएल के अवैध स्ट्रीमिंग के लेके कई गो वेबसाइटन पs नया अपडेट सामने आइल बा। दिल्ली हाईकोर्ट में अवैध स्ट्रीमिंग के मामिला पहिलही से चलत बा। अधिक जानकारी खातिर बता दीं कि एह स्ट्रीमिंग के चलते वायाकॉम के करोड़ों रुपिया के घाटा भईल रहे। एह सिलसिला में अभिनेता संजय दत्त के भी 23 अप्रैल के बोलावल गईल रहे, लेकिन उs देश से बाहर रहला के चलते उs हाजिर ना भईले। संजय दत्त आपन बयान दर्ज करावे खातिर साइबर सेल से अगिला तारीख अवुरी समय के मांग कईले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.