महाराष्ट्र: नांदेड़ के अस्पताल में पिछला २४ घंटा में २४ गो मरीजन के मउत, मरे वालन में १२ गो नवजात शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 3, 2023

  महाराष्ट्र के नांदेड़ के एगो सरकारी अस्पताल में २४ घंटा के भीतर २४ मरीज के मउत के मामिला सोझा आईल बा। रिपोर्ट के मुताबिक मरेवाला में १२ नवजात शिशु भी शामिल बाड़े। एह घटना

Share

 

महाराष्ट्र के नांदेड़ के एगो सरकारी अस्पताल में २४ घंटा के भीतर २४ मरीज के मउत के मामिला सोझा आईल बा। रिपोर्ट के मुताबिक मरेवाला में १२ नवजात शिशु भी शामिल बाड़े। एह घटना के चलते महाराष्ट्र के स्वास्थ्य व्यवस्था पs सवाल उठल बा। एकरा खातीर लोग गरीब सरकारी व्यवस्था के जिम्मेदार ठहरावतारे। एकरा से पहिले ठाणे के एगो अस्पताल में एक दिन में १८ मरीज के मउत के मामिला सामने आईल रहे।

नांदेड़ के शंकरराव चव्हाण सरकारी अस्पताल के डीन कहले कि, पछिला २४ घंटा में भईल २४ मउत में से १२ लोग अलग-अलग बेमारी के चलते अवुरी जादेतर सांप के काटला से वयस्क लोग के मउत भईल। उ कहले कि, “पिछला २४ घंटा में १२ शिशु के भी मउत हो चुकल बा। एह में से ६ लईका अवुरी ६ लईकी रहली। अलग-अलग कर्मचारी के स्थानांतरण के चलते हमनी के कुछ दिक्कत के सामना करे के पड़ल।”

डीन कहले कि, “हम तृतीयक स्तर के स्वास्थ्य केंद्र हई। ७० से ८० किलोमीटर के त्रिज्या में सिर्फ एक अस्पताल बा। एहसे दूर-दूर से मरीज इलाज खातीर आवेले। कुछ दिन में मरीज के संख्या बढ़ गईल बा। इ भी समस्या पैदा कईले बा। ” डीन कहले कि, “हैफकिन नाम के एगो संस्थान बा। हमनी के ओ लोग से दवाई खरीदे के रहे, लेकिन अयीसन भी ना भईल। लेकिन हमनी के स्थानीय स्तर पs दवाई खरीद के मरीज के उपलब्ध करा देनी।”

महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे एह मौतन के दुर्भाग्यपूर्ण बतवले बाड़न। उ मुंबई में पत्रकारन से कहले कि अस्पताल में भईल घटना के बारे में अवुरी जानकारी लिहल जाई अवुरी कार्रवाई कईल जाई।

महाराष्ट्र में विपक्ष राज्य के एकनाथ शिंदे सरकार पs चौतरफा हमला करत कहले कि, एकर जिम्मेदारी ट्रिपल इंजन सरकार (भाजपा, एकनाथ शिंदे सेना अवुरी NCP के अजित पवार गुट के) लेवे के चाही। महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रहल आ कांग्रेस के दिग्गज नेता अशोक चव्हाण अस्पताल के दौरा के बाद कहले कि, सरकार के ए मामला के गंभीरता से देखे के चाही अवुरी स्थिति पs नियंत्रण करे के चाही।

उ कहले कि, “कुल २४ लोग के जान गईल। ७० लोग के हालत अबे ले गंभीर बा। मेडिकल सुविधा अवुरी कर्मचारी के कमी बा। बहुत नर्स के तबादला हो गईल बा अवुरी उनुका रिप्लेसमेंट नईखे गईल। बहुत मशीन काम नईखे करत। अस्पताल के क्षमता ५०० बा, लेकिन १२०० मरीज भर्ती बाड़े, हम अजीत पवार से ए बारे में बात करब।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.