13 से 21 फरवरी के बीच होई मदरसा-बोर्ड के परीक्षा : गोरखपुर के 6 केंद्रन पs 1806 स्टूडेंट्स होई लो सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 1, 2024

उत्तर प्रदेश मदरसा शिक्षा परिषद साल 2024 के मुंशी/मौलवी (सेकेंडरी) आ आलिम, कामिल आ फाजिल (सीनियर सेकेंडरी) के बोर्ड परीक्षा खातिर शेड्यूल जारी कs देले बा। 13 से 21 फरवरी के बीच जिला के छव

Share

उत्तर प्रदेश मदरसा शिक्षा परिषद साल 2024 के मुंशी/मौलवी (सेकेंडरी) आ आलिम, कामिल आ फाजिल (सीनियर सेकेंडरी) के बोर्ड परीक्षा खातिर शेड्यूल जारी कs देले बा। 13 से 21 फरवरी के बीच जिला के छव केंद्रन पs मदरसा बोर्ड के परीक्षा आयोजित होई। परीक्षा के सुचिता बनावल रखे खातिर सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल बा। सब केंद्रन के CCTV से जोड़ल गइल बा। परीक्षा दु पालियन में सबेरे आठ बजे से 11 बजे आ दुपहरिया दु बजे से सांझ पांच बजे तक चली।

जिला अल्पसंख्यक कल्याण अधिकारी कमलेश कुमार मौर्य बतवलें कि जिला के छव मदरसन के परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा। एमे से तीन केंद्र शहरी क्षेत्र में जबकि तीन ग्रामीण क्षेत्र के मदरसा सामिल बा। एह परीक्षा में 1806 विद्यार्थी सामिल होई लो। सब मदरसन के प्रिंसिपल आ मैनेजर के परीक्षा के टाइम-टेबल भेज दिहल गइल बा।

एह मदरसन के बनावल गइल बा परीक्षा केंद्र

  • मदरसा दारुल उलूम हुसैनिया इमामबाड़ा, दीवान बाजार
  • मदरसा जियाउल उलूम पुराना गोरखपुर, गोरखनाथ
  • मदरसा अंजुमन इस्लामिया, खूनीपुर
  • मदरसा अरबिया मिस्बाहुल उलूम, असौजी बाजार
  • मदरसा अरबिया शमसुल उलूम, सिकरीगंज
  • नोवाइस एकेडमी, जगंल माघी भटहट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.