INDIA गठबंधन के एगो आउर झटका, MP चुनाव खातिर अब JDU जारी कइलस उम्मीवारन के लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 25, 2023

मध्य प्रदेश विधानसभा चुनाव से पहिलही INDIA गठबंधन में आपसी लड़ाई देखे के मिल रहल बा। पहिले समाजवादी पार्टी  कांग्रेस के खिलाफ बागी तेवर देखवलस। फेर अब जेडीयू एह गठबंधन के झटका दे देले बिया।

Share

मध्य प्रदेश विधानसभा चुनाव से पहिलही INDIA गठबंधन में आपसी लड़ाई देखे के मिल रहल बा। पहिले समाजवादी पार्टी  कांग्रेस के खिलाफ बागी तेवर देखवलस। फेर अब जेडीयू एह गठबंधन के झटका दे देले बिया। जेडीयू मध्य प्रदेश विधानसभा चुनाव खातिर उम्मीदवारन के पहिला लिस्ट जारी कs देलस। पहिला लिस्ट में जेडीयू के 5 उम्मीदवारन के नाम बा।

जेडीयू जवना पांच उम्मीदवारन के घोषणा कइलस ओमे पिछोर विधानसभा सीट से चंद्रपाल यादव, राजनगर से रामकुंवर (रानी) रैकवार, विजय राघवगढ़ सीट से शिव नारायण सोनी, थांदला विधानसभा सीट से तोल सिंह भूरिया आ पेटलावद रामेश्वर सिंघार के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

पार्टी द्वारा सूची जारी कइला के तुरंत बाद बिहार के राजनीतिक हलकन में ई चर्चा जोरन पs बा कि जा INDIA गठबंधन आत्म-विनाश मोड में आ गइल बा। बता दीं कि बिहार के महागठबंधन के भीतर सब कुछ ठीक नइखे चल रहल। कांग्रेस आ RJD दुनुए संबंधित दलन के बिहार सरकार में दुगो अतिरिक्त मंत्रियन के नियुक्ति के इंतजार बा।

नीतीश के टूटल धैर्य

नीतीश कुमार जब पटना में विपक्षी एकजुटता मुहिम के सुरुआत कइले रहस तब विपक्ष में सामिल कइयन दलन के नेता लोगन के मेजबानी करत नीतीश कुमार ई भरोसा दिलवले रहस कि अब बीजेपी के खिलाफ तमाम विपक्षी दल एकजुट होके चुनाव लड़ी आ बीजेपी भा एनडीए के उम्मीदवारन के सामने इंडिया गठबंधन के ओर से खाली एगो साझा उम्मीदवार दिहल जाई। मौजूदा विधानसभा चुनाव में नीतीश के पार्टी के धैर्य टूट गइल आ मध्य प्रदेश में जहां बीजेपी आउर कांग्रेस के बीच आमने-सामने  टक्कर बा, उहां जेडीयू अपना उम्मीदवारन के चुनावी मैदान में उतार देले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.