लखनऊ वंदे भारत एक्सप्रेस मंगर से प्रयागराज तक जाई : PM नरेंद्र मोदी हरियर झंडी दिखइहें, 85000 करोड़ के परियोजनन के दिहें सौगात

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2024

गोरखपुर-लखनऊ वंदे भारत एक्सप्रेस के प्रयागराज तक चलावल जाई। मंगर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ट्रेन के विस्तार के हरियर झंडी दिखइहें। कार्यक्रम में पीएम 85,000 करोड़ से जादे के परियोजनन के वर्चुअली शिलान्यास आ लोकार्पण

Share

गोरखपुर-लखनऊ वंदे भारत एक्सप्रेस के प्रयागराज तक चलावल जाई। मंगर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ट्रेन के विस्तार के हरियर झंडी दिखइहें। कार्यक्रम में पीएम 85,000 करोड़ से जादे के परियोजनन के वर्चुअली शिलान्यास आ लोकार्पण करिहें।

एमे 10 गो नया वंदे भारत ट्रेन आ चार ट्रेनन के मार्ग विस्तार सामिल बा। CPRO पंकज कुमार सिंह बतवलें कि प्रधानमंत्री वीडियो कांफ्रेंसिंग के माध्यम से गोरखपुर से लखनऊ तक चल रहल 22549/22550 वंदे भारत एक्सप्रेस के मार्ग विस्तार प्रयागराज तक हरियर झंडी दिखाके करिहें।

ऊ गोरखपुर कैंट-कुसम्ही आ छपरा-छपरा कचहरी के बीच तीसरको लाइन के लोकार्पण करिहें। मल्टीमॉडल लाजिस्टिक्स सुविधन खातिर गति शक्ति कार्गो टर्मिनल के रूप में विकसित हिन्दुस्तान उर्वरक आ रसायन लिमिटेड, नकहा जंगल, अंकुर उद्योग लिमिटेड, सहजनवा आ अडाणी एग्री लाजिस्टिक लिमिटेड आ जसोदा के लोकार्पण कइल जाई।

चार स्टेशनन पs जन औषधी केंद्रन के होई लोकार्पण

एह सब के संगही सबसे अहम प्रधानमंत्री भारतीय जन औषधि केंद्र गोरखपुर, लखनऊ, बनारस आ काशीपुर स्टेशन पs सुभारंभ सामिल बा। वंदे भारत एक्सप्रेस के प्रयागराज तक विस्तार हो गइला से प्रयागराज तक जाये वाला यात्रियन के एगो आउर ट्रेन के विकल्प मिली। सामान्य ट्रेनन के तुलना में एकरा से कुछ समय पहिलही गंतव्य तक पहुंचल जा सकी। एकरा संगही जनऔषधि केंद्र खुल गइला से यात्री आसानी से सस्ती दर पs दवा ले सकी लो।

शिल्पकार राजन से बात करिहें प्रधानमंत्री

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 12 मार्च के गोरखपुर के टेराकोटा शिल्पकार राजन से बात करिहें। राजन के एह बात के जानकारी दिहल गइल बा। राष्ट्रीय पुरस्कार प्राप्त राजन प्रजापति के कलाकृतियन के दूसरका प्रदेशन में खूब मांग बा। देस के अलग-अलग प्रदेशन के बेयपारी कलाकृतियन बनावे के आर्डर दे रहल बा लो। उनका इहां 25 से बेसी लोग रोजगार पवले बा।

एक स्टेशन एक उत्पाद OSOP योजना के तहत उनका गोरखपुर जंक्शन पs एगो दुकान आवंटित बा। राजन बतवलें कि रेलवे के ओर से ई दुकान निशुल्क आवंटित कइल गइल बा। इहां उनकर बनावल कलाकृतियन के बिक्री खातिर प्रदर्शित कइल जात बा। पूर्वोत्तर रेलवे के ओर से स्थानीय स्तर पs आयोजित कार्यक्रम में संवाद के बेवस्था कइल जाई।

साभार : दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.