Lok Sabha Elections 2024: बिहार के जमुई में पीएम मोदी के रैली

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 4, 2024

  Lok Sabha Elections 2024 : लोकसभा चुनाव खातिर प्रचार अब तेज होखे लागल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बंगाल अवुरी बिहार में चुनाव प्रचार शुरू करतारे। बिहार के जमुई में रैली के संबोधित कईला के

Share

 

Lok Sabha Elections 2024 : लोकसभा चुनाव खातिर प्रचार अब तेज होखे लागल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बंगाल अवुरी बिहार में चुनाव प्रचार शुरू करतारे। बिहार के जमुई में रैली के संबोधित कईला के बाद उs बंगाल के कूच विहार में चुनावी सभा के संबोधित करीहे। दोसरा तरफ ममता बनर्जी पीएम मोदी के रैली के ठीक बाद कूच विहार में दू गो चुनावी रैली के भी संबोधित करीहें। देश में कुल सात चरण के चुनाव के पहिला चरण के मतदान 19 अप्रैल के होई। चुनाव के आखिरी चरण एक जून के होखे वाला बा। 4 जून के मतगणना पूरा हो जाई।

पीएम मोदी कहले- ‘आज हमनी के सभे एs मंच से कमी महसूस करतानी। हमनी खातिर ई अइसन पहिला चुनाव बा जब पद्मभूषण से सम्मानित रामविलास पासवान जी, बिहार के बेटा, दलित आ विपन्न लोग के प्रिय आ हमार परम मित्र हमनी के बीच नइखन। हमरा संतोष बा कि हमार छोट भाई चिराग पासवान रामविलास जी के विचार के पूरा गंभीरता से आगे बढ़ावतारे।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.